फ्रांस
यूरोप के एगो देस जेकर मुख्य हिस्सा यूरोप में आ बाहरी दीपीय इलाका छिटपुट रूप में कई जगह बा / From Wikipedia, the free encyclopedia
फ़्रांस यूरोप महादीप के पच्छिमी हिस्सा में एगो देस हवे। फ्रांस के राजधानी पैरिस हवे आ ई दुनिया के परभावशाली देसन में से एक हवे। फ्रांस देस के राज्यक्षेत्र एकरा मुख्य भूमि के अलावा बाकी कई समुंदरपार राज्यक्षेत्र आ इलाका सभ के रूप में भी बा। यूरोप में मौजूद फ्रांस के मुख्य भूमि के मेट्रोपोलिटन फ्रांस कहल जाला। ई मुख्य भूमि, भूमध्यसागर से ले के इंग्लिश चैनल आ नार्थ सागर ले, आ राइन नदी से ले के अटलांटिक महासागर तक ले बिस्तार लिहले बा। समुंदरपार इलाका में दक्खिन अमेरिका महादीप पर फ्रेंच गयाना के रूप में आ अउरी कई गो दीप सभ के रूप में बा जे अटलांटिक, प्रशांत आ हिंद महासागर में स्थित बाने। फ्रांस के कुल रकबा 6,43,801 बर्ग किलोमीटर बा आ इहाँ के कुल जनसंख्या जनवरी 2017 के अनुमान अनुसार 6.7 करोड़ रहल। राजनीतिक हिसाब से ई एकात्मक आ आधा-राष्ट्रपतीय रिपब्लिक हवे। सभसे बड़ शहर आ राजधानी पैरिस बा के सांस्कृतिक, आर्थिक आ बाणिज्य के राजधानी भी बा। अन्य प्रमुख शहर सभ में मार्सेली, लियोन, लिले, नाइस, तुलू आ बोर्दों के नाँव गिनावल जा सके ला।
फ्रांसीसी रिपब्लिक | |
---|---|
मोटो: लिबर्ते, ईगलिते, फ्रेतर्निते "स्वतंत्रता, समानता, बंधुता" | |
मेट्रोपोलिटन फ्रांस के लोकेशन (गहिरा हरियर) – यूरोप (हरियर & गहिरा मटिया) में | |
राजधानी आ सभसे बड़ शहर | पैरिस 48°51.4′N 2°21.05′E |
ऑफिशियल भाषा आ राष्ट्रीय भाषा | फ्रेंच |
राष्ट्रीयता |
|
लोग कहाला | फ्रेंच/फ्रांसीसी |
इस्थापित | |
• वर्तमान संबिधान | 4 अक्टूबर 1958 |
रकबा | |
• कुल | 643,801 किमी2 (248,573 वर्ग मील)[नोट 2][2] (41वाँ) |
551,695 किमी2 50वां 213,010 वर्गमील | |
• मेट्रोपोलिटन फ्रांस (कैडस्ट्रे) | 543,940.9 km2[नोट 3][3] (50वाँ) 210,026 वर्गमील |
जनसंख्या | |
• कुल 2017 अनुमान | 67,013,000[4] (20वाँ) |
• मेट्रोपोलिटन फ्रांस अप्रैल 2017 अनुमान | 64,880,000[4] (22वाँ) |
• Density | 116/किमी2 (300.4/वर्ग मील)[नोट 4] (89वाँ) |
जीडीपी (पीपीपी) | 2015 अनुमान |
• कुल | $2.647 ट्रिलियन (10वाँ) |
• प्रति ब्यक्ति | $41,181[5] (24th) |
जीडीपी (नॉमिनल) | 2017 अनुमान |
• कुल | $2.420 ट्रिलियन (7वाँ) |
गिनी (2013) | 30.1[6] medium |
एचडीआइ (2015) | 0.897[7] very high · 21वाँ |
टाइम जोन | CET[नोट 5] (यूटीसी+1) |
• गर्मीं में (डीएसटी) | CEST[नोट 6] (यूटीसी+2) |
तारीख प्रारूप | dd/mm/yyyy |
ड्राइविंग | दाहिने |
कला, संस्कृति, बिज्ञान आ दर्शन के क्षेत्र में लंबा समय से फ्रांस के पूरा दुनिया में आगे गिनल जा सके लायक जगह रहल बा। ई यूरोप के चउथा सभसे ढेर यूनेस्को बिस्व धरोहर वाला देस हवे। फ्रांस में हर साल 8.3 करोड़ के आसपास पर्यटक लोग आवे ला, एह मामिला में ई दुनिया में नंबर एक पर बा। ई एगो बिकसित राष्ट्र हवे आ नामिनल जीडीपी के हिसाब से दुनिया के पाँचवाँ आ पीपीपी के हिसाब से दुनिया के नउवाँ सभसे बड़ देस हवे। समेकित हाउसहोल्ड धन के हिसाब से ई दुनिया में चउथा नंबर पर बा। शिक्षा, सेहत रखरखाव, जीवन प्रत्याशा आ मानव बिकास के मामिला में भी एकर स्थान दुनिया में ऊपर के देस सभ में बा। अबो भी फ्रांस दुनिया के एगो प्रमुख ताकत बा आ ई यूनाइटेड नेशंस के सुरक्षा काउंसिल के पाँच गो स्थाई मेंबर सभ में हऽ जेकरा लगे वीटो पावर बा आ घोषित रूप से परमाणु हथियार संपन्न देस बाटे। यूरोपियन यूनियन आ यूरोजोन के अगुआ देसन में से एक बा। G7, NATO, OECD, WTO आ La Francophonie जइसन पावरफुल अंतरराष्ट्रीय मंडली सभ के सदस्य देस बा।