सकल घरेलू उत्पाद
From Wikipedia, the free encyclopedia
सकल घरेलू उत्पाद (अंग्रेजी:gross domestic product) या जीडीपी कौनों देस भा क्षेत्र में कौनो निश्चित समय अवधि में होखे वाला कुल उत्पादन के माप हवे। ई सगरी माल आ सेवा सभ के उत्पादन के बाजार मूल्य के मौद्रिक नाप हवे, यानी मुद्रा (रुपिया, डालर वगैरह में) ब्यक्त कइल जाला, आ आमतौर पर तिमाही (साल में चार बेर) या साल भर खाती मापल जाला।
नामिक (नॉमिनल) जीडीपी के अनुमान सामान्यतः पूरे देस या क्षेत्र के आर्थिक प्रदर्शन के निर्धारित करे खातिर इस्तेमाल होला, आ अंतर्राष्ट्रीय स्तर प आपस में तुलना करे खाती होला। हालाँकि, मुद्रास्फीति के दर अलग-अलग देसवन में अलग-अलग होख्ले के कारण, तुलना करे खातिर नॉमिनल जीडीपी के बहुत नीक तरीका ना मानला जाला। मुद्रास्फीति के परभाव के हटा के तुलना करे खाती जीवनयापन में होखे वाला खर्चा के दर के धियान में रख के परचेजिंग पावर पैरिटी (पीपीपी) के आधार पर होखे वाली गणना के इस्तेमाल कइल जाला।