गंगा नदी बेसिन
गंगा-ब्रह्मपुत्र थाला के हिस्सा, भारत के सबसे बड़ नदी थाला / From Wikipedia, the free encyclopedia
गंगा नदी बेसिन (अंग्रेजी: Ganges river basin) गंगा नदी थाला भारत के सबसे बड़हन नदी बेसिन हवे। गंगा नदी के एह नदी थाला में अइसन सगरी इलाका सामिल बा जहाँ के पानी ढाल की अनुसार बह के गंगा नदी में पहुँचेला आ गंगा नदी द्वारा समुंद्र ले पहुंचावल जाला। ई नदी थाला, ब्यापक रूप से देखल जाय तब, गंगा-ब्रह्मपुत्र-मेघना नदी बेसिन के हिस्सा हवे।
एक तरीका से देखल जाय त, गंगा-ब्रह्मपुत्र आ सुरमा-मेघना नदी सभ के डेल्टा एक दुसरे के साथे संजुक्त रूप से मिलल डेल्टा सिस्टम हवे जहाँ ई नदी सब कई धारा में बिभाजित हो जालीं आ एक दुसरे के साथे मिल के एगो जटिल आ बिसाल डेल्टा बनावे लीं; ई दुनिया के सभसे बड़हन डेल्टा हवे। एही से इनहन के ब्यापक रूप से एकही बिसाल नदी थाला मानल जा सके ला। एह तरीका से ई गंगा-ब्रह्मपुत्र-मेघना थाला (नक्शा देखल जाय) एशिया महादीप के एगो महत्वपूर्ण नदी थाला हवे जेकर बिस्तार एशिया के पाँच देसन में बाटे: तिब्बत, भारत, नेपाल, भूटान आ बांग्लादेस में। हालाँकि, अगर खाली गंगा नदी के बेसिन के बात कइल जाय, एकरा ब्रह्मपुत्र के साथे संगम से पहिले, तबो एह में चार गो देसन, तिब्बत, भारत, नेपाल, आ बांग्लादेस के हिस्सा (भूटान के छोड़ के जे ब्रह्मपुत्र थाला में गिनल जाला) सामिल होखे लें।