शतरंज
From Wikipedia, the free encyclopedia
शतरंज चाहे चेस (Chess) एक किसिम के बोर्ड गेम ह जे में एक साथ दुगो खेलाड़ी लोग खेल खेलेला।[1] ई एक प्रकार के वर्गाकार बोर्ड, जे आमतौर पर लकड़ी के बनल होला, पर खेलल जाला, जेमें छोट-छोट 64गो खाना (8x8) बनल रहेला। दुनो खेलाड़ी सोलह-सोलह गो गोटी के साथ खेल शुरु करेलन। जे में गोटी रहेला: आठगो सिपाही, दुगो घोड़ा, दुगो ऊँट, दुगो हाथी, आ एगो राजा आ एगो मंत्री।[2]
खेल के लक्ष्य होला कि कौनो एगो खेलाड़ी कौनो दुसरा प्रतिद्वन्दी खेलाड़ी के राजा के चेकमेट (मात) करे के कोशिश करे। चेकमेट एक प्रकार के धमकी ह ('चेक' चाहे 'शह') जौन प्रतिद्वन्दी खेलाड़ी के राजा के करल जाला जब प्रतिद्वन्दी खेलाड़ी के राजा मुकाबला कर सके के स्थिती में ना होखे। जब राजा फँस जाई त खेल खत्म हो जाई।[3]
खेल दुगो प्रतिद्वन्दी खेलाड़ी के बीच शुरु होला जेमें खेलाड़ी एक एक कर के आपन गोटी शतरंज के बोर्ड पर अलग अलग वर्ग में आगे बढ़ावेला। एगो खेलाड़ी ('उज्जर') के पास उज्जर या हल्का रंग के गोटी होला; दुसरका खेलाड़ी ('करिया') के पास करिया या गाढ़ा रंग के गोटी होला। खेल में हर गोटी के आगे बढ़ावे के आ दुसरा गोटी के पिटे के नियम कानून होला।
चेस एगो विश्व विख्यात खेल ह जौन कई बार प्रतियोगिता के तौर पर होखेला जे के शतरंज प्रतियोगिता कहल जाला। बहुते देश में लोग ई खेल के मजा लेवेला आ ई रुस देश के एगो महत्वपूर्ण राष्ट्रिय शौक ह [4]