विकिपीडिया:मूल रिसर्च मनाही
From Wikipedia, the free encyclopedia
विकिपीडिया के लेख में मूल रिसर्च ना होखे के चाहीं: मूल रिसर्च से इहाँ मतलब अइसन हर तथ्य, आरोप, राय या बिचार से बाटे जौन कहीं दुसरा बिस्वसनीय जगह पर प्रकाशित (पब्लिश) रूप में मौजूद न होखे।[1] दुसरा जगह प्रकाशित सामग्री के आधार बना के कौनों बिस्लेषण, संश्लेषण भा तर्क-वितर्क द्वारा नया निष्कर्ष या राय निकाल के सीधे विकिपीडिया पर लिखल भी मूल रिसर्च में आवेला आ ई मना बाटे। (ई नीति बातचीत पन्ना पर ना लागू होले)।
संछेप में : विकिपीडिया मौलिक बिचार नाहीं प्रकाशित करे ले: विकिपीडिया के सगरी सामग्री बिस्वसनीय जगह प्रकाशित (पब्लिश) स्रोत पर आधारित होखे के चाहीं। लेखवन में अइसन कौनों नया बिस्लेषण, नया निष्कर्ष ना लिखल जाये के चाहीं जवन मूल स्रोत वाला जगह पर साफ-साफ न लिखल होखे। |
दुसरा जगह से ले के कौनों चीज लिखे में कॉपीराइट के उल्लंघन भी ना होखे के चाहीं। लेख में संदर्भ दे के बात के मूल मतलब सही रखे के साथ ओकरा के अपना शब्द में लिखे के चाहीं।
ई विकिपीडिया के तीन गो मूल नीति में से बाटे आ एकरा के आपसी सहमति से भी ना बदलल जा सकत बाटे। एह पन्ना पर शब्दावली में सुधार कइल जा सकत बा जौना से एह नीति के अउरी नीक से समझावल जा सके या कौनों विवाद के बात के साफ तरीका से कहल जा सके, बाकी नीति के मूल भावना के ना बदलल जा सके ला।