विकिपीडिया:सत्यापन जोग
From Wikipedia, the free encyclopedia
सत्यापन जोग, सत्यापनीय (Verifiable) चीज ऊ हवे जे जाँच के देखल जा सके की सही बा कि ना। विकिपीडिया जानकारी के एगो तीसरका स्रोत हवे। इहाँ लिखल हर चीज अइसन होखे के चाहीं जवन अउरी दूसर बिस्वस्नीय जगह पर भी मौजूद होखे। इहाँ मूल रिसर्च ना लिखल जाला बलुक अइसन चीज लिखल जाला जे कहीं पहिले से प्रकाशित (पब्लिश) होखे। अगर पब्लिश स्रोत सब में बिभिन्न प्रकार के राय बा त सगरी पक्ष तटस्थ रूप से उचित वजन दे के लिखे के चाहीं।
संछेप में : विकिपीडिया के पाठक लोग के ई जाँच करे के सुबिधा होखे के चाहीं कि इहाँ लिखल चीज सही बाटे बनावटी नइखे। एकरा खातिर विकिपीडिया पर लिखल हर ओह चीज, जेकरा के केहू जाँच कइल चाहे या ओकरा सही होखले पर संदेह कइल चाहे, के उचित आ बिस्वास जोग संदर्भ के उद्धरण दे के लिखे के चाहीं। |
विकिपीडिया के लेख के कापीराईट नीति के भी पालन करे के चाहीं।