यूरी गगारिन
पहिला अंतरिक्ष यात्री / From Wikipedia, the free encyclopedia
यूरी अलेक्सेयेविच गगारिन (9 मार्च 1934 – 27 मार्च 1968) सोवियत एयर फोर्स के पायलट आ अंतरिक्षयात्री रहलें जे बाहरी अंतरिक्ष में जात्रा करे वाला पहिला ब्यक्ति बनलें; इनके अंतरिक्ष कैप्सूल जेकर नाँव वोस्टोक 1 रहल जे 12 अप्रैल 1961[1] के पृथ्वी के चारों ओर आपन पहिला चक्कर पूरा कइलस। गगारिन अपना एह उपलब्धी के चलते अंतर्राष्ट्रीय सेलिब्रिटी बन गइलें आ उनके "हीरो ऑफ़ दि सोवियत यूनियन" के अवार्ड दिहल गइल। 1967 में ई सोयुज 1 के बैकप दल के हिस्सा रहलें आ ई यान के दुर्घटना भ गइल जेकरा चलते सोवियत रूस के प्रशासक लोग इनके अंतरिक्ष जात्रा पर जाए से रोक दिहल जवना से कि अइसन जानल-मानल ब्यक्ति के कौनों दुर्घटना में मौत न हो जाय। हालाँकि, अगिला साल एगो मिग 15 हवाई जहाज के उड़ान के दौरान इनकर निधन भ गइल।
गगारिन के ई फोटो जुलाई 1961 में एगो कांफ्रेंस में लिहल गइल रहे जब ऊ फिनलैंड के दौरा पर रहलें, अपने अंतरिक्ष जात्रा के लगभग तीन महीना बाद।