बिस्व धरोहर कमेटी
यूनेस्को के बिस्व धरोहर स्थल सभ के बीछे वाली कमेटी / From Wikipedia, the free encyclopedia
बिस्व धरोहर कमेटी (अंग्रेजी: World Heritage Committee) चाहे विश्व धरोहर समीति, संयुक्त राष्ट्र शैक्षिक, वैज्ञानिक आ सांस्कृतिक संगठन (यूनेस्को) के एगो कमेटी भा समीति हवे जे यूनेस्को के बिस्व धरोहर स्थल के रूप में लिस्ट में सामिल होखे वाला जगहन सभ के चुनाव करे ले, जवना में बिस्व धरोहर लिस्ट आ खतरा में पड़ल बिस्व धरोहर के लिस्ट भी सामिल बा, बिस्व धरोहर फंड के इस्तेमाल के परिभाषित करे ले, आ स्टेट पार्टी सभ के अनुरोध पर आर्थिक मदद आबंटित करे ले।[1] एह में 21 गो स्टेट पार्टी सभ के प्रतिनिधि सामिल बाड़ें[2] [1] जे स्टेट पार्टी सभ के महासभा द्वारा चार साल के कार्यकाल खातिर चुनल जालें।[3] ई पार्टी सभ बिस्व धरोहर सम्मेलन आ बिस्व धरोहर लिस्ट से जुड़ल फैसला आ प्रस्ताव सभ पर वोट करे लीं।
विश्व धरोहर सम्मेलन के अनुसार कमेटी मेंबर लोग के कार्यकाल छह बरिस के होला। हालाँकि, कई गो स्टेट पार्टी अपना मर्जी से आपन कार्यकाल चार साल ले सीमित करे के विकल्प चुने लें, जवना से कि अउरी दूसर पार्टी स्टेट सभ के सेवा देवे के मौका मिल सके। 15वीं महासभा (2005) में चुनल गइल सगरी सदस्य लोग स्वेच्छा से आपन कार्यकाल छह से घटा के चार साल करे के फैसला कइ लिहले रहल।[3]
विश्व धरोहर समिति के विचार-विमर्श में तीन गो सलाहकार निकाय IUCN, ICOMOS आ ICCROM के सहायता मिलेला।[4][5]