बन
From Wikipedia, the free encyclopedia
ढेर घन बनस्पति वाला क्षेत्र खातिर, जंगल देखल जाय।
बन अइसन बिसाल इलाका के कहल जाला जहाँ पेड़ पौधन के बहुलता होखे।[1] एकरे अलावा अउरी कई तरह के परिभाषा दिहल जाला जेह में फेड़ के घनापन, फेड़न के लंबाई, कानूनी स्थिति या दर्जा, इकोलॉजिकल सेवा वगैरह के आधार बनावल गइल बाटे।[2][3][4] बहुत प्रचलित[5][6] खाद्य आ खेती ऑर्गेनाइजेशन के परिभाषा के हिसाब से, दुनिया के चार बिलियन हेक्टेयर (150 लाख बर्गमील) या लगभग 30 % जमीनी हिस्सा पर 2006 में बन के बिस्तार रहल[4]