नाक्षत्र समय
From Wikipedia, the free encyclopedia
नाक्षत्र समय चाहे साइडीरियल टाइम (अंग्रेजी: Sidereal time) समय के नापे के एक ठो तरीका हवे जेह में पृथ्वी के अपना घूर्णन के कारन आसमान में बहुत दूर मौजूद स्थाई नक्षत्र (तारा) सभ के जगह में होखे वाला बदलाव के आधार पर समय के नापल जाला[1], न कि सुरुज के आकाश में स्थिति के अनुसार।
जइसे आसमान में सुरुज आ चंद्रमा एक ओर से उगे लें आ दूसरा ओर डूब जालें, ओही तरे तारा सभ भी आसमान में एक ओर से दुसरा ओर जात लउके लें। एकर कारण पृथ्वी के घूर्णन हवे। पृथ्वी के एह गति के इस्तेमाल समय के नापे खातिर कइल जाला। जौना जगह से बेध कइल जाला, यानि कि दूरबीन वगैरह यंत्र के सहायता से नाप जोख कइल जाला, ओह जगह पर से देखला पर कौनों बहुत दूर मौजूद तारा रात में कौनों एक निश्चित साइडीरियल टाइम पर रोज एकही बराबर ऊंचाई पर आ एकही निश्चित जगह लउके ला। कौनों तारा, आसमान में जौना समय अपने सभसे ऊँच बिंदु पर होला, यानि वेध के जगह के मेरिडियन (दुपहरिया रेखा या देशांतर रेखा) के ठीक सीध में होला, ओह समय के ओह तारा के कलमिनेशन समय कहल जाला; एह तरीका से कौनों तारा के एक कलमिनेशन समय से दुसरा कलमिनेशन समय तक के बीच के समय एक साइडीरियल दिन के बराबर होला।