ड्रैगन
From Wikipedia, the free encyclopedia
ड्रैगन या हिंदी अउरी उर्दू में अज़दहा (اژدها) एगो काल्पनिक जीव हवे जेवना के बिसाल आकार के सर्प नियर मानल जाला जेवना के पाँखि होला आ ऊ उड़ सकेला आ मुँह से आगि उगिलेला। ई कथा-जीव कई संस्कृतिन में कहानी, चित्रकारी आ आधुनिक ज़माना में फिलिम वगैरह में बतावल या देखावल गइल बाटे। मूल रूप से सभसे प्रचलित रूप दू तरह के बा जे यूरोपीय कल्पना आ पूरबी एशिया की लोगन के कल्पना पर आधारित होखे ला।[1]
Quick Facts समूह, उप समूह ...
समूह | कथा |
---|---|
उप समूह | Mythological hybrids |
अइसन अउरी जीव | Sirrush, Basilisk, Wyvern, Qilin, sea serpent |
कथा | पूरा बिस्व |
निवास | पहाड़, समुन्द्र, आकास |
Close
भारतीय संस्कृति में एकर समांतर वैदिक जीव वृत्र के मानल जाला जे इंद्र के शत्रु रहले। हालाँकि भारत की कुछ हिस्सा के छोड़ के बाकी भाग में एह प्रानी के बहुत महत्व नइखे।