आदित्य-एल1
gadha / From Wikipedia, the free encyclopedia
आदित्य-एल1 (अंग्रेजी: Aditya-L1) सूर्य के अध्ययन करे वाला पहिला भारतीय अंतरिक्ष मिशन होखी। ई कोरोनोग्राफिक अध्ययन करे खातिर स्पेसक्राफ्ट होखी जे अंतरिक्ष में एगो ऑब्जर्वेटरी नियन काम करी। भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन (इसरो) द्वारा एकर प्लानिंग कइल बा आ ई अंतरिक्षबिमान (स्पेसक्राफ्ट) अउरी कई संस्था सभ के साथे मिल के डिजाइन आ डेवेलप कइल गइल बाटे। प्लानिंग के मोताबिक ई धरती-सुरुज सिस्टम में हैलो ऑर्बिट में लैग्रेंज प्वाइंट सभ में से एल-1 पर पहुँचावल जाई; एह तरीका से एकर धरती से दूरी लगभग 15 लाख (1.5 मिलियन) किलोमीटर होई। एह मिशन क मुख्य बैज्ञानिक मकसद कोरोनल हीटिंग, सौर हवा के त्वरण, कोरोनल मैग्नेटोमेट्री, नियर-यूवी सौर विकिरण के उत्पत्ती आ निगरानी आ फोटोस्फियर, क्रोमोस्फीयर आ कोरोना, सौर ऊर्जावान कण आ सुरुज के चुंबकीय क्षेत्र के लगातार निरीक्षण बा।
मिशन प्रकार | सुरुज ऑब्जरवेशन | ||||||||||||||||
---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|
आपरेटर | इसरो (ISRO) | ||||||||||||||||
वेबसाइट | www | ||||||||||||||||
मिशन अवधि | 5.2 बरिस (प्लान)[1] | ||||||||||||||||
अंतरिक्षबिमान लच्छन | |||||||||||||||||
सैटेलाईट बस | I-1K | ||||||||||||||||
निर्माता | इसरो (ISRO) / IUCAA / IIA | ||||||||||||||||
लांच द्रब्यमान | 1,475 किग्रा (52,000 औंस)[2] | ||||||||||||||||
पेलोड द्रब्यमान | 244 किग्रा (8,600 औंस)[1] | ||||||||||||||||
मिशन सुरुआत | |||||||||||||||||
लांच तारीख | Not recognized as a date. Years must have 4 digits (use leading zeros for years < 1000). UTC (प्लान बाटे)[3] | ||||||||||||||||
राकेट | PSLV-XL(C57)[1] | ||||||||||||||||
लांच के जगह | सतीश धवन स्पेस सेंटर | ||||||||||||||||
ठीकेदार | इसरो (ISRO) | ||||||||||||||||
ऑर्बिटल पैरामीटर | |||||||||||||||||
रिफरेंस सिस्टम | पृथिवी-सुरुज एल1 | ||||||||||||||||
रेजीम | हैलो ऑर्बिट | ||||||||||||||||
अवधि | 177.86 days[4] | ||||||||||||||||
|
ई सुरुज के निरीक्षण खातिर समर्पित पहिला भारतीय मिशन हवे। एकर प्रोजेक्ट डाइरेक्टर भारतीय बैज्ञानिक निगार शाजी बाड़ी। एकरा के शनीचर, 2 सितंबर 2023 के पीएसएलवी-एक्सएल लॉन्च वाहन पर लॉन्च क दिहल गइल बाटे। खबर के मोताबिक एकरा के लैंग्रेंज प्वाइंट (एल1) तक ले पहुँचे में लगभग चार महिन्ना के टाइम लागी।