अमेरिका
उत्तर अमेरिका में एगो देस, संघीय गणतंत्र (फेडरल रिपब्लिक) / From Wikipedia, the free encyclopedia
यूनाइटेड स्टेट्स ऑफ अमेरिका, (अंग्रेजी: United States of America) या बस अमेरिका की नाँव से परसिद्ध, उत्तर अमेरिका महादीप के एगो देस बा। एकर राजधानी वाशिंगटन डी॰सी॰ बा। अमेरिका एक ठो संबैधानिक फेडरल रिपब्लिक हवे जेह में 50 गो राज्य, एक ठो फेडरल डिस्ट्रिक्ट, पाँच गो प्रमुख खुदशासित राज्यक्षेत्र आ अन्य कई गो अधिकारक्षेत्र सामिल बाड़ें। पचास गो में से अड़तालीस राज्य एक साथ एकट्ठा बाने जिनहन से मुख्य भूमि बनल बा, कनाडा के दक्खिन आ मैक्सिको के उत्तर में ई अमेरिकी मुख्य भूमि स्थित बाटे। उत्तर अमेरिकी महादीप के उत्तरी पच्छिमी कोना पर अलास्का राज्य बा जेकर पूरबी सीमा कनाडा से बनल बा आ पच्छिम ओर बेरिंग जलजोड़ के ओह पार रूस से सीमा बने ला। प्रशांत महासागर के बीच में दीपसमूह के रूप में हवाई राज्य मौजूद बा। अन्य राज्य क्षेत्र सभ प्रशांत महासागर आ कैरीबियन सागर में मौजूद बाने। यूऍस के राज्यक्षेत्र कुल नौ ठो टाइम जोन में बिस्तार लिहले बाटे। देस के भूगोल, जलवायु आ जियाजंतु में बहुत ढेर बिबिधता बाटे।
यूनाइटेड स्टेट्स ऑफ अमेरिका United States of America | |
---|---|
यूएस के मुख्य भूमि, अलास्का आ हवाई | |
यूनाइटेड स्टेट्स आ एकर राज्यक्षेत्र | |
राजधानी | वाशिंगटन डी॰सी॰ |
सभसे बड़ शहर | न्यू यॉर्क शहर 40°43′N 74°00′W |
लोग कहाला | अमेरिकी, अमरीकन |
सरकार | फेडरल, प्रेसिडेंशियल रिपब्लिक |
• राष्ट्रपति | जो बिडेन |
• उप राष्ट्रपति | कमला हैरिस |
बिधायिका | कांग्रेस |
• ऊपरी सदन | सीनेट |
• निचला सदन | हाउस ऑफ रिप्रेसेंटेटिव |
आजादी, ग्रेट ब्रिटेन से | |
• घोषणापत्र | 4 जुलाई 1776 |
• संबिधान | 21 जून 1788 |
रकबा | |
• कुल रकबा | 9,833,517 किमी2 (3,796,742 वर्ग मील) (3सरा/4था) |
• जल (%) | 6.97 |
• कुल जमीनी रकबा | 9,147,593 किमी2 3,531,905 बर्ग मील |
जनसंख्या | |
• 2016 अनुमान | 323,625,762[1] (3सरा) |
• 2010 जनगणना | 309,349,689[2] (3सरा) |
• Density | 35/किमी2 (90.6/वर्ग मील) (180वां) |
जीडीपी (पीपीपी) | 2016 अनुमान |
• कुल | $18.558 ट्रिलियन[3] (2सरा) |
• प्रति ब्यक्ति | $57,220[3] (10वाँ) |
जीडीपी (नॉमिनल) | 2016 अनुमान |
• कुल | $18.558 ट्रिलियन[3] (पहिला) |
• Per capita | $57,220[3] (6वाँ) |
गिनी (2013) | 40.8[4][5][6] medium |
एचडीआइ (2014) | 0.915[7] very high · 8वाँ |
करेंसी | अमरीकन डॉलर ($) (USD) |
टाइम जोन | (यूटीसी−4 to −12, +10, +11) |
• गर्मीं में (डीएसटी) | (यूटीसी−4 to −10[d]) |
तारीख प्रारूप | MM/DD/YYYY |
ड्राइविंग | दहिना[e] |
कालिंग कोड | +1 |
इंटरनेट टीएलडी | .us .gov .mil .edu |
38 लाख बर्गमील (98 किमी2) रकबा आ 32 करोड़ जनसंख्या वाला ई देस दुनिया के चउथा सभसे बड़ देस इलाका के हिसाब से, आ तीसरा सबसे बड़ देस जनसंख्या के हिसाब से बा। जातीयता के दृष्टि से ई दुनिया के सभसे ढेर एथनिक बीबिधता वाला देस भी बा आ दुनिया के सभसे ढेर इमीग्रेंट लोग वाला देस भी बाटे। शहरीकरण, सन 2010 में 80% पहुँच गइल आ अभिन ले मेगारीजन के रूप में बिस्तार ले रहल बाटे। देस के राजधानी वाशिंगटन डीसी हवे आ सभसे बड़ शहर न्यूयार्क सिटी हऽ। पचास लाख से ढेर निवासी वाला एनी शहर सभ में लॉस एंजलिस, शिकागो, सैन फ्रांसिस्को, बोस्टन, डलास, फिलाडेल्फिया, ह्यूस्टन, मियामी, आ अटलांटा बाड़ें।
उत्तर अमेरिका में मनुष्य के आबादी कम से कम 15,000 साल पहिले भइल जब एशिया से मंगोलाइड प्रजाति के लोग इहाँ प्रवास क के पहुँचल। 16वीं सदी में यूरोपियन उपनिवेश बने सुरू भइल। वर्तमान युनाइटेड स्टेट्स के उत्पत्ती 13 ब्रिटिश उपनिवेश सभ से भइल जे पूरबी किनारा पर बसल रहलें। ग्रेट ब्रिटेन आ उपनिवेश सभ के बीच कई ठे बिबाद के कारण सात साला जुद्ध आ एकरे बाद अमेरिकी क्रांति भइल। 1775 में सुरू भइल अमेरिकी क्रांति के परिणाम के रूप में 4 जुलाई 1776 के तेरहो उपनिवेश सभ के प्रतिनिधि लोग आजादी के घोषणापत्र पर दसखत कइल, जबकि लड़ाई जारी रहल आ 1783 में ग्रेट ब्रिटेन द्वारा युनाइटेड स्टेट्स के आजादी स्वीकार कइल गइल। ई कौनों यूरोपियन उपनिवेश साम्राज्य के बिरुद्ध पहिला सफल लड़ाई रहल। वर्तमान संबिधान के 1788 में अंगीकार कइल गइल। पहिला दस गो संसोधन, जिनहन के बिल ऑफ राइट्स कहल जाला, 1791 में पास भइल आ मूल नागरिक आजादी के गारंटी भइल।
उत्तर अमेरिका में बिस्तार के कार्यक्रम पुरा 19वीं सदी भर जारी रहल आ अमेरिकन इंडियन जनजाति के लोग के बिस्थापन आ नया राज्यक्षेत्र के अधिग्रहण 1848 तक ले चलल जबले की ई पूरा महादीप ले बिस्तार वाला ना हो गइल। उनईसवीं सदी के बाद के आधा हिस्सा में, अमेरिकी सिविल वार एह देस में कानूनी दास प्रथा के खतम कइलस। एह सदी के अंत ले युनाइटेड स्टेट्स के सीमा प्रशांत महासागर ले चहुँप गइल आ एकर अर्थब्यवस्था, औद्योगिक क्रांति के नतीजा के रूप में तेजी से बढ़ल। स्पेनी-अमेरिकी जुद्ध आ पहिला बिस्व जुद्ध में ई देस बैस्विक मलेटरी ताकत के रूप में सोझा आइल। दुसरका बिस्व जुद्ध के बाद, परमाणु हथियार बनावे वाला पहिला देस, ए हथियार के इस्तेमाल करे वाला एकलौता देस आ युनाइटेड नेशंस सिक्योरिटी काउंसिल के स्थाई मेंबर के रूप में ई देसदुनिया में सुपरपावर के रूप में स्थापित हो गइल। 1991 में शीत जुद्ध के समापन के बाद जब सोवियत यूनियन के विघटन हो गइल, अमेरिका एकलौता सुपरपावर बचल।
युनाइटेड स्टेट्स एगो बहुत बिकसित देस बा, नॉमिनल जीडीपी के हिसाब से दुनिया के सभसे बड़ आ पीपीपी के हिसाब से दुनिया के दुसरा नंबर के अर्थब्यवस्था बाटे। समाजार्थिक परफार्मेंस के कई ठो माप के हिसाब से ई दुनियाँ में ऊपर के देसन में गिनल जाला। पोस्ट-इंडस्ट्रियल अर्थब्यवस्था होखले के कारण इहाँ सेवा क्षेत्र के बिस्तार आ ज्ञान आधारित अर्थब्यवस्था होखले के बावजूद इहाँ के मैन्यूफैक्चरिंग क्षेत्र दुनिया में दुसरा सभसे बड़ बाटे। इहाँ के जनसंख्या, पुरा दुनिया के जनसंख्या के खाली 4.3% बा बाकी ई दुनिया के जीडीपी के चउथाई हिस्सा वाला देस, आ दुनिया भर के मलेटरी खर्चा के एक तिहाई से ढेर खर्चा करे वाला देस बाटे जेकरा कारन ई दुनिया के सभसे आगे के अर्थब्यवस्था आ मलेटरी पावर बाटे। अमेरिका एक ठो परभावशाली सांस्कृतिक आ राजनीतिक ताकत बा आ बिज्ञान आ टेक्नोलॉजी के क्षेत्र में भी अगुआ ताकत के रूप में बिस्व में स्थापित बा।