सफेद गिद्ध
गिद्ध चिरई के एगो प्रजाति / From Wikipedia, the free encyclopedia
सफेद गिद्ध भा मिस्रदेसी गिद्ध (अंग्रेजी: Egyptian vulture, इजिप्शियन वल्चर; बैज्ञानिक नाँव: Neophron percnopterus) चिरइन के गिद्ध समूह के एगो प्रजाति बाटे। ई पुरानी दुनिया के गिद्ध हवे आ जीनस नियोफ्रौन (Neophron) के एकलौता सदस्य बा। एकर निवास के इलाका बहुत ब्यापक बाटे आ पच्छिमी यूरोप आ उत्तरी अफ्रीका से भारत ले फइलल बाटे।
सफेद गिद्ध | |
---|---|
Adult N. p. ginginianus | |
बैज्ञानिक वर्गीकरण | |
किंगडम: | Animalia |
फाइलम: | Chordata |
क्लास: | Aves |
ऑर्डर (Order): | Accipitriformes |
परिवार: | Accipitridae |
जाति (Genus): | Neophron Savigny, 1809 |
प्रजाति: | N. percnopterus |
दूपद नाँव | |
Neophron percnopterus (Linnaeus, 1758) | |
तीनों उप-प्रजाति के निवास क्षेत्र के नक्शा |
सफेद गिद्ध मुख्य रूप से लाश के माँस खाला बाकी मौका मिलले पर ई छोट-छोट स्तनधारी, छोट चिरई, रेप्टाइल वगैरह के शिकार भी करे ला। दूसर चिरई सब के अंडा भी खा लेला, बड़ा होखला पर ओकरा के पत्थर पर पटक-पटक तूर देला। चिरई सभ के द्वारा औजार के अइसन उपयोग एगो दुर्लभ चीज बाटे। आपन खतोना बनावे के समय ऊन नियर चीज के लपेट के एकट्ठा करे खातिर ई लकड़ी के छोट डंडी सभ के औजार के रूप में इस्तेमाल करे ला।
समशीतोष्ण इलाका में रहे वाला सदस्य जाड़ा के मौसम में दक्खिन के ओर प्रवास करे लें जबकि उष्णकटिबंधीय आबादी अपने जगह पर स्थाई रहेले। एह प्रजाति के आबादी में 20 वीं सदी में काफी गिरावट आइल बाटे आ एकर मुख्य कारण शिकार, आकस्मिक विषाक्तता, आ बिजली लाइन के साथ टकराव बाटे जौना सभ से एह गिद्धन के खतरा होला।