चिरई
From Wikipedia, the free encyclopedia
चिरई (अंगरेजी:Bird, हिंदी: चिड़िया) दू गो टांग आ पाँख वाली, आ अंडा देवे वाली जंतु हवे[3] जेकरे कुछ प्रजाति के छोड़ के बाकी सभ आसमान में उड़ सके लीं। ई रीढ़ वाली आ गरम खून वाली जंतु हईं स जिनहन के शरीर के तापमान पाँख से तोपाइल रहे के कारन बाहर के वातावरण से बहुत परभावित ना होला।[3]
Quick Facts बैज्ञानिक वर्गीकरण ...
Birds समय बिस्तार: Late Cretaceous - Present,[1] 85–0Ma | |
---|---|
बैज्ञानिक वर्गीकरण | |
किंगडम: | एनिमेलिया (Animalia) |
फाइलम: | कार्डेटा (Chordata) |
ऑर्डर (Order): | सौरिशिया |
सबऑर्डर: | थेरोपोडा |
क्लैड (Clade): | Avialae |
क्लास: | एव्स Linnaeus, 1758[2] |
Close
पुरा दुनिया में चिरइन के लगभग 10,000 प्रजाति पावल जालीं। भारत में इनहन के लगभग 1,314 गो प्रजाति रिकार्ड कइल गइल बाटे। इन्हन में से 42 गो देसी, 1 गो बाहर से आदमिन द्वारा ले आइल, आ करीब 25 गो यदा-कदा आ बहुत कम पावाल जाये वाली बाडीं। दू गो प्रजाति अबले भारत से बिलुप्त हो चुकल बाड़ीं आ 82 गो प्रजाति अइसन बाड़ीं जिनहन पर पुरा बिस्व भर में खतरा मँडरात बाटे।