विकिपीडिया:इतिहास में आजु/11 जनवरी
टेम्पलेट विकिपीडिया / From Wikipedia, the free encyclopedia
११ जनवरी:स्वतंत्रता दिवस: मोरक्को (१९४४)
- १०५५ – थियोडोरा, जवन कॉन्स्टेंटाइन VIII आ हेलेना के बेटी रहली, बाइजेंटाइन के महारानी बनली।
- १६९३ – एगो XI तेजी के भूकंप १६९३ में सिसली में आइल जवन इटली के इतिहास में अबले के सभसे तेज भूकंप हवे।
- १७८७ – जर्मनी में पैदा, ब्रिटिश संगीत कंपोजर आ खगोलशास्त्री विलियम हर्शेल (फोटो में देखावल) यूरेनस के दू गो चंद्रमा के खोज कइलें जिन्हन के बाद में उनुके बेटा शेक्सपियर के नाटक अ मिडसमर नाइट्स ड्रीम के पात्रन के नाँव पर ओबेरॉन आ टाइटानिया रखलें।
- १९८६ – दि गेटवे ब्रिज जवन ऑस्ट्रेलिया के ब्रिस्बेन में बा आ अपने समय में सभसे लंबा दाबित कंक्रीट के बिना बनल कैंटीलीवर ब्रिज रहे, खोल दिहल गइल।
- अउरी तारीख देखीं:
- आज के तारीख: 3 मई 2024 (UTC)
- पन्ना फिर से लोड करीं
ई इतिहास में 11 जनवरी के भइल घटना सभ के लिस्ट बाटे, जवन मुख्य पन्ना के "आजु के दिन" खंड में देखावल जाला। नया आइटम के सुझाव देवे खातिर, आम तौर पर आप निर्भीक हो के एह पन्ना के संपादन कर सकत बानी। अगर नया बानी त संपादन करे से पहिले "इतिहास में आजु" दिशानिर्देश जरूर पढ़ीं। हालाँकि, अगर आप जवन चीज जोड़ल चाहत बानी अगर ओह पर कौनों बिबाद के संभावना होखे तब, या अगर ई पन्ना जल्दिये मुख्य पन्ना पर देखावल जाए वाला होखे तब, आपन सुझाव के एकरे वार्ता पन्ना पर लिख दीं, सीधे एही में मत जोड़ीं।
नोट करीं कि विकिपीडिया के मुख्य पन्ना पर देखावल जाये वाली चीज सभ के चुनाव ओह में कड़ी के रूप में दिहल जाये वाले लेख के क्वालिटी आ अउरी बाकी मुख्य पन्ना के आइटम के साथ तारतम्य के आधार पर होला, ई चुनाव ख़ाली भर [[वि::उल्लेखनीयता|चीज के महत्वपूर्ण या सही होखे]] के आधार पर ना होला। एक बेर में चार से ले के छह गो ले आइटम देखावल जा सके ला। एही से हर ऊ चीज जवन "बहुत जरूरी आ महत्व के होखे" इहाँ ना देखावल जा सकेला। एकरे अलावा, अगर कौनों बात के उल्लेख बीछल लेख भा बीछल फोटो में पहिलहीं हो रहल बाटे तब ओ से जुड़ल चीज इहाँ एह साल ना देखावल जाला।
जवना समय ई मुख्य पन्ना पर देखाई दे रहल होखे, आ एह में कवनों किसिम क खराबी लउके, रिपोट करे खातिर मुख्य पन्ना खराबी देखीं। धियं रहे कि ई लिस्ट एह में कड़ी के रूप में दिहल लेख सभ से कुछ अलग तरह से भी तथ्य देखावत हो सकेले। बदलाव से पहिले विकिपीडियन लोग मंडली में आम सहमती बनावे के कोसिस करीं, सीधे इहाँ बदलाव मत करीं।
फोटो
एक बेर में कौनों एक ठो फोटो इस्तेमाल कइल जाय
- French troops in the Ruhr
- Carlo Tresca
- Sir Leo Hielscher (Gateway) Bridges
- Computer-generated image of insulin hexamers
- Dr. Luther Terry
- Byzantine coin showing Empress Theodora
- William Herschel
इनहन के मत चुनल जाय
ब्लर्ब | कारण |
---|---|