मुर्दा सागर
From Wikipedia, the free encyclopedia
मुर्दा सागर (अंग्रेजी: Dead sea) एगो खारा पानी के झील बा जे एशिया महादीप में जॉर्डन, इजराइल आ फ़िलिस्तीन के सीमा पर जॉर्डन घाटी में बाटे। झील के पानी के मुख्य आगम जॉर्डन नदी हवे आ ई झील एगो बंद झील हवे जहाँ से पानी बहरें ना निकसे ला। एही कारन एह झील के पानी नमकीन हवे आ पानी के डेंसिटी बहुत बेसी हवे।
Dead Sea | |
---|---|
लोकेशन | पच्छिमी एशिया |
निर्देशांक | 31°30′N 35°30′E |
झील प्रकार | Endorheic Hypersaline |
आगम | Jordan River |
निकास | None |
थाला | 41,650 किमी2 (4.483×1011 वर्ग फु) |
थाला के देस | Israel, Jordan, and Palestine |
अधिकतम लंबाई | 50 किमी (31 मील)[1] (northern basin only) |
अधिकतम चौड़ाई | 15 किमी (9.3 मील) |
सतह क्षेत्र | 605 किमी2 (6.51×109 वर्ग फु) (2016)[2] |
औसत गहिराई | 199 मी (653 फीट)[3] |
अधिकतम गहिराई | 298 मी (978 फीट) (elevation of deepest point, 728 m BSL [below sea level], minus current surface elevation) |
आयतन | 114 किमी3 (27 घन मील)[3] |
किनारा के लंबाई1 | 135 किमी (84 मील) |
सतह ऊँचाई | −430.5 मी (−1,412 फीट) (2016)[4] |
संदर्भ | [3][4] |
1 किनारा के लंबाई कौनो सटीक माप ना हवे। |
झील के पानी के सतह समुंद्र तल से 430.5 मीटर (1,412 फीट) नीचे हवे,[5] जेकरा चलते ई धरती के सभसे निचाई के जगह हवे। एकर खुद के गहिराई 304 मी (997 फीट) बाटे आ ई दुनियाँ के सभसे गहिरी अतिखारी झील हवे; झील के पानी के खारापन 342 g/kg, भा 34.2 % (2011 में दर्ज कइल) बाटे जेकरा चलते ई दुनियाँ के सभसे खारी झील सभ में गिनल जाले[6] — समुंद्री पानी के तुलना में एकर खारापन 9.6 गुना बा — पानी के डेंसिटी (घनत्व) 1.24 kg/litre, जेकरा चलते एह में पँवरे वाला लोग अपने आपे उतिराइल रहेला।[7][8]