मानसून
From Wikipedia, the free encyclopedia
मानसून के परंपरागत परिभाषा, हवा के दिसा में होखे वाला बदलाव के रूप में दिहल जाले, जेह में हवा बहे के दिसा एक सीजन से दूसरा सीजन के बीच एकदम उलटा हो जाले आ इलाका में होखे वाला बरखा के मात्रा एकरा से प्रभावित होला।[1] हालाँकि, अब मानसून के अरथ धरती के वायुमंडल में बड़ा पैमाना पर होखे वाला सर्कुलेशन से लिहल जाला जेकर कारण जमीनी आ समुंदरी हिस्सा के अलग-अलग तेजी से गरम होखल बा।[2][3] आमतौर पर बोलचाल की भाषा में मानसून शब्द के प्रयोग बरखा के सीजन खातिर होला, हालाँकि मानसून के दौरान बीच-बीच में सूखा मौसम के दौर भी आवे ला।
दुनिया के सभसे बड़हन मानसून सिस्टम सभ में पच्छिमी अफिरकी आ एशिया-आस्ट्रेलियाई मानसून आवे लें; भारतीय मानसून भी एह में दुसरका के हिस्सा हवे। उत्तर आ दक्खिन अमेरिका में भी अइसन सिस्टम पावल जाला बाकी उहाँ हवा के बहाव के दिसा एकदम से ना उलटे ले आ एही कारन एह सिस्टमन के मानसून माने पर बिबाद बा।[4]
मानसून शब्द अंग्रेजी के हवे, ब्रिटिश राज में भारत, बांग्लादेश, बर्मा, पाकिस्तान आ आसपास के इलाका में गरमी के सीजन के बाद बंगाल के खाड़ी आ अरब सागर से उठे वाली हवा के जमीनी हिस्सा पर पहुँच के भारी बरखा करे के घटना खातिर इस्तमाल शुरू भइल।[5][6]