मदद:फुटनोट
From Wikipedia, the free encyclopedia
संदर्भ देवे के जरूरत कहाँ होला एकरा खातिर, विकिपीडिया:सत्यापन जोग देखल जाय।
एह पन्ना के उद्देश्य ई समझावल बाटे की विकिपीडिया के लेख में फुटनोट कइसे जोड़ल जाय। हालाँकि, ई पन्ना फुटनोट सभ के अंदर के फोर्मेटिंग (रंग-रूप) के बारे में नइखे आ ओकरे खातिर उद्धरण वाला पन्ना देखल जा सकत बाटे।
ई लेख एगो हाउ-टु-गाइड (how-to guide) चाहे कइसे-कइल-जाय के बतावे वाला लेख हवे। ई विकिपीडिया के नीति आ दिशानिर्देश खातिर ना हवे; अगर कौनों नीति आ निर्देश संबंधी मुद्दा होखे त ओह बिसय से संबंधित नीति देखल जाय। |
फुटनोट जोड़े के मुख्य उद्देश्य होला:
- बिस्वास जोग स्रोत के संदर्भ दिहल,
- ब्याख्या करे वाली टिप्पणी जोड़ल
- लिस्ट, तालिका भा अइसने चीज के जानकारी के स्रोत बतावल।
लाइन के बीच में उद्धरण कब आ कहाँ देवे के चाहीं एकरा खातिर इनलाइन उद्धरण शैली, नीक लेख के पैमाना आ उद्धरण कब दिहल जाय देखल जा सकत बाटे।
फुटनोट जोड़े खातिर Cite.php
सॉफ्टवेयर एक्टेंशन के प्रयोग होला। एकरा से HTML नियर कोड <ref>...</ref>
, <references />
आ <references>...</references>
जोड़ल जा सकेला। इन्हन के प्रयोग कई गो टेम्पलेट सभ में भी भइल बाटे, उदाहरण खातिर अब {{reflist}} के इस्तमाल ढेर होत बा बजाय <references />
के काहें की एकरा द्वारा फुटनोट के इस्टाइल में कई किसिम के काम कइल जा सकत बा।