विकिपीडिया:नीति अउरी दिसानिर्देस
विकिमीडिया प्रोजेक्ट पन्ना / From Wikipedia, the free encyclopedia
विकिपीडिया नीति अउरी दिसानिर्देस सब समुदाय द्वारा विकिपीडिया संबंधी कामकाज के सबसे नीक तरीका (बेस्ट प्रैक्टिस) बतावे खातिर, सिद्धांत के साफ-साफ समझावे खातिर, बिबाद के निपटारा करे खातिर, आ अन्य दसा में हमनी के मुक्त आ बिस्वसनीय ज्ञानकोश बनावे के लक्ष्य हासिल करे के ओर आगे बढ़े खातिर बनावल गइल हवें। संपादन शुरू करे से पहिले कौनों नीति या दिसानिर्देस पढ़े के जरूरत ना बाटे। पंचशील में ज्यादातर दसा में लागू होखे वाला सिद्धांत सभ के समझावल गइल बा।
एह पन्ना पर विकिपीडिया के प्रोसीजर संबंधी नीति लिखल गइल बा। |
संछेप में : विकिपीडिया के नीति आ दिसानिर्देस सभ अइसन पन्ना हवें जे कामकाज आ बेहवार के नीक आ पालन करे जोग तारीका बतावेलें, जिनहन के बारे में विकिपीडिया के सदस्य मंडली के आम सहमति बाटे। ई नीति एह बारे में बतावे खातिर बा कि नीति पन्ना के कइसे बिकसित कइल जाय आ रखरखाव कइल जाय। |
हालाँकि, आमतौर पर विकिपीडिया के बहुत कड़ा नियम-कानून ना हवे, विकिपीडिया के नीति अउरी दिसानिर्देस पन्ना सब एकर सिद्धांत आ कामकाज के सबसे नीक तरीका बतावे लें। नीति सब अइसन मानक हईं जिनहन के पालन आम दसा में हर प्रयोगकर्ता के करे के चाहीं आ दिसानिर्देस सब अलग-अलग दसा में कामकाज के सभसे नीक तरीका बतावे लीं। नीति आ दिसानिर्देस सभ के लागू करे आ पालन करे में हमेशा तर्क आ सहज बुद्धि के इस्तमाल करे के चाहीं।
एह पन्ना पर बतावल गइल नीति, सगरी नीति, दिसानिर्देस आ अन्य अइसन पन्ना सभ के ब्यवस्था (संगठन या ऑरगेनाइजेशन), जीवन-चक्र, रखरखाव, आ पालन से संबंधित समुदाय के मानक सभ के बर्णन बाटे।