पिट्टा
From Wikipedia, the free encyclopedia
पिट्टा उष्णकटिबंधीय एशिया आ ऑस्ट्रेलिया के पैसराइन चिरई सभ के परिवार हवे जवना के पिट्टीडाई (Pittidae) के नाँव से जानल जाला। इनहन के कुछ प्रजाति अफिरका में भी पावल जालिन। पिट्टा सभ, आमतौर पर एकही नियर आकार-प्रकार आ रंगरूप अउरी आदत वाला होलें। सन् 2009 में इन्हन के तीन गो जाति (genus) में बाँटल गइल। Pitta जीनस, Erythropitta आ Hydrornis पिट्टा नाँव, भारत के आंध्रप्रदेश में बोलल जाये वाली भाषा तेलुगु में हवे जवन सभ जगह प्रचलित हो गइल। पिट्टा के आकार आमतौर पर 15 से 25 सेमी (5.9–9.8 इंच) लंबाई वाला, बड़हन गोलाई वाला (stocky), आ लंबा टांग वाला होलें। इनहन के पोंछ बहुत छोट होले। सगरी त ना, बाकी अधिकतर पिट्टा सभ चमकीला रंग के होलें।[1]
पिट्टा | |
---|---|
नीला पिट्टा | |
बैज्ञानिक वर्गीकरण | |
किंगडम: | एनिमेलिया (Animalia) |
फाइलम: | कार्डेटा (Chordata) |
ऑर्डर (Order): | सौरिशिया |
सबऑर्डर: | थेरोपोडा |
क्लास: | एव्स |
ऑर्डर (Order): | पासरिफ़ार्मेस |
Suborder: | Tyranni |
Infraorder: | Eurylaimides |
परिवार: | Pittoidea Swainson, 1831 |
परिवार: | {{{1}}} Swainson, 1831 |
Genera | |
आमतौर पर इ चिरई जंगल के निचला हिस्सा, जमीन के नजदीक, में रहे ली।[1] इन्हन के कई ठे प्रजाति माइग्रेटरी (सीजन के हिसाब से एक जगह से दूसर जगह प्रवास करे वाली) भी होलीं।
पिट्टा के कई ठो प्रजाति बिलुप्त होखे के कगार पर भी बाड़ी। इन्हन में Gurney's pitta, के आइयूसीएन के लाल सूची में खतरा में की श्रेणी में रखल गइल बाटे।[2] अउरी आठ गो प्रजाति खतरा के संभावना वाली (vulnerable) भी बतावल गइल बाड़ी।[3] जंगल के तेजी से भइल बिनास इन्हन के आवास में कमी कइले बाटे, जवन इन्हन के ऊपर खतरा के मूल कारण बनल बा।