नेपाल के भूगोल
From Wikipedia, the free encyclopedia
नेपाल के भूगोल में एशियाई देस नेपाल के भौतिक आ मानवीय पहलू सभ के भूगोलीय बिबरन सामिल बा। नेपाल एगो पहाड़ी देस हवे आ हिमालय पहाड़ के सहारे ई पूरुब-पच्छिम दिसा में 800 किलोमीटर (497 मील) लंबाई में आ उत्तर-दक्खिन दिसा में 150 से 250 किलोमीटर (93 से 155 मील) चाकर पट्टी के रूप में बिस्तार लिहले बा; कुल क्षेत्रफल 147,181 वर्ग किलोमीटर (56,827 वर्ग मील) बाटे।
महादीप | एशिया |
---|---|
क्षेत्र | दक्खिनी एशिया |
लोकेशन | 28°00′N 84°00′E |
रकबा | Ranked 93वाँ |
• कुल | 147,181 किमी2 (56,827 वर्ग मील) |
• जमीन | 92.94% |
• पानी | 7.06% |
तटरेखा | 0 किमी (0 मील) |
सीमा | कुल जमीनी सीमा: 2,926 किमी (1,818 मील) चीन: 1,236 किमी (768 मील) भारत: 1,690 किमी (1,050 मील) |
सभसे ऊँच जगह | माउंट एवरेस्ट 8,848 मी (29,029 फीट) |
सबसे लमहर नदी | करनाली |
सबसे बड़हन झील | रारा ताल |
नेपाल एगो थलरुद्ध देस हवे, मतलब कि एकर सीमा समुंद्र से ना छुआले; एकरे उत्तर में चीन देस के तिब्बत ऑटोनामस प्रदेश आ दक्खिन में भारत के उत्तर प्रदेश राज्य बा; पच्छिमी सीमा भारतीय राज्य उत्तराखंड के साथे बने ले आ पूरबी सीमा भारत आ भूटान देस के साथ; एह पूरबी सीमा पर भारतीय राज्य पच्छिम बंगाल के पातर पट्टी बा जेकरे बाद बांग्लादेश पड़े ला। भले नेपाल के बहुत सारा ब्यापार चीन के साथ होखत होखे, समुंद्र से जुड़े खाती आ माल ढोआई खाती नेपाल भारत देस पर निर्भर बाटे।
जलवायु पहाड़ी हवे, मानसून के समय में बरखा होले आ तराई आ घाटी वाला इलाका सभ में ई बरखा के मात्रा काफी होखे ले। ढेर ऊँचाई वाला पहाड़ी चोटी सभ सालो भर बरफ से तोपाइल रहे लीं। बड़हन इलाका में जंगल मौजूद बाने आ पर्यटन के नजरिया से कई पहाड़ी जगह आ घाटी सभ नेपाल के अर्थब्यवस्था खाती महत्व क चीज बाने। इहाँ, नेपाल आ तिब्बत के बाडर पर दुनिया के सभसे ऊँच परबत चोटी माउंट एवरेस्ट बा जेह पर चढ़ाई करे वाला लोग नेपाल में मौजूद बेस से आपन चढ़ाई सुरू करे ला।