कोसी नदी
तिब्बत, नेपाल आ भारत में बहे वाली नदी / From Wikipedia, the free encyclopedia
कोसी नदी तिब्बत, नेपाल आ भारत के बिहार राज्य में बहे वाली एक ठी नदी बा। ई गंगा के सहायक नदी हऽ आ कटिहार जिला में गंगाजी में मिल जाले।
कोसी | |
(सप्तकोसी) | |
नदी | |
भोटे कोसी सूखा के सीजन में, ई कोसी के एगो सहायिका नदी बा। | |
देस | चीन, नेपाल, भारत |
---|---|
प्रदेश/क्षेत्र | तिब्बत, पूर्वांचल विकास क्षेत्र, नेपाल, उत्तर-बिचला भारत |
शहर | सुपौल, पुरनिया, कटिहार |
उदगम | सुन कोसी, अरुण आ तामुर मिल के सप्तकोसी बनावे लीं |
- लोकेशन | त्रिबेनी घाट, नेपाल |
मुहाना | गंगा |
- लोकेशन | कुरसेला के नगीच, बिहार, भारत |
लंबाई | 720 किमी (447 मील) |
थाला | 61,000 किमी2 (23,552 वर्ग मील) |
जलनिकास | |
- औसत | 6,981 m3/s (246,532 cu ft/s) monthly[1] |
गंगा आ सहायिका नदी सभ |
कोसी के सप्तकोसी भी कहल जाला जेवन एकरी ऊपरी सात गो धारा के कारन रखाइल नाँव बा। पानी के बहाव के हिसाब से कोसी, घाघरा आ यमुना के बाद गंगा के तीसरी सभसे बड़ सहायक नदी हवे। तराई में पहाड़ से उतरे के बाद ई नदी दुनिया के सभसे बड़ जलोढ़ पंखा बनावे ले। एह में आवे वाली भारी बाढ़ एकरा बेर-बेर रस्ता बदले के कारन एकरा के "बिहार के शोक" के रूप में जानल जाला।
सप्तकोसी नदीके सात ठो सहायक नदी बाडे। महालुंगुर हिमालके
दुधपोखर से उदगम होखेबाला दूधकोसी ओखलढुंगा जिलाके
जयरामघाटमे सुनकोसी नदीमे समाहित होला। सप्तकोसी नदीके
सहायक नदी सभ मे सबसे बडहन आ सबसे लम्बा मानेबाला
तिब्बतसे बहते आबेबाला अरुण नदी संखुवासभा जिलाके किमांथांकासे नेपाल प्रबेश
करेला। सप्तकोसी नदी प्रणालीके सबसे बडहन नदी
तिब्बत आ नेपाल के सिमाना से तकरीबन 100 कि मि भितर से उदगम होके कुभ्मभकर्ण हिमाल के
जल संचित करेवाला अरुण नदी भोजपुर जिलाके पग्नाम कहेवाला जगह मे सुनकोसी
नदीमे मिलेला। सप्तकोसी के सहायक नदी तमोर के उदगमस्थल
कुम्भकर्ण हिमाल ह । त्रिबेणी घाटमे अरुणनदीमे मिललाके बाद
सप्तकोसी नदी बनेला। सप्तकोसी के बार्षिक बहाव क्षमता तकरीबन
1564 घनमिटर प्रतिसेकेंड ह। ई नदी के पानी बिहारके अधिकांस क्षेत्रमे सिचाई तथा पेयजल के बास्ते उपयोग करेला ।
कोसी नदी के कुल लंबाई 720 किमी (450 मील) बा आ एकरे थाला के कुल 74,500 किमी2 (28,800 वर्ग मील) एरिया तिब्बत में, नेपाल में, आ भारतीय राज्य बिहार में पड़े ला।[2][1]