विकिपीडिया:बातचीत पन्ना दिसानिर्देस
From Wikipedia, the free encyclopedia
कौनों लेख के बातचीत पन्ना (जहाँ "वार्ता", "वार्तालाप" या "बातचीत" नाँव के टैब पर क्लिक क के पहुँचल जा सके ला) ओह लेख या संबंधित प्रोजेक्ट पन्ना सभ के गुणवत्ता में सुधार खातिर चर्चा करे बदे हवें।
ई पन्ना भोजपुरी विकिपीडिया के कौनों आचार बेहवार के बारे में बा आ ई अइसन ब्यापक रूप से स्वीकार कइल गइल मानक बा जेवना के पालन सभ संपादक लोगन के करे के चाहीं, हालाँकि एकर पालन सहज बुद्धि से करे के चाहीं, आ कुछ दसा में अपवाद भी लागू हो सकेला। एह पन्ना पर कौनों भी बड़ या महत्व के बदलाव आम सहमति से होखे के चाहीं। संदेह की स्थिति में, पहिले वार्ता पन्ना पर चर्चा करीं। |
संछेप में : सगरी बातचीत पन्ना एह ज्ञानकोश में सुधार खातिर हवें, कौनों बिसय या संपादक के बारे में निजी राय लिखे खातिर ना। |
लेख के साथ "वार्ता:उदाहरण" नियर एक ठो बातचीत पन्ना होला; जहाँ "उदाहरण" लेख के नाँव बूझीं।
बातचीत पन्ना पर कौनों बात लिखे में नीचे दिहल चीज के धियान रखे के चाहीं: