चंद्रमा आधारित कैलेंडर
From Wikipedia, the free encyclopedia
चंद्रमा आधारित कैलेंडर या चंद्र पंचांग, चंद्रमा के गति आ कला पर आधारित कैलेंडर होलें। चंद्रमा के कला अनुसार एक पुर्नवासी से अगिली पुर्नवासी तक, या एक अमौसा से अगिला अमौसा तक ले के समय के एक चंद्र मास के रूप में परिभाषित कइल जाला आ आमतौर पर अइसन बारह महीना सभ के एक साल होला। चूँकि, चंद्रमा आधारित महीना 29 भा 30 दिन के होखे लें, चंद्रमा के साल 354 दिन, 8 घंटा, 48 मिनट, 34 सेकेंड (354.367056 दिन) क होला आ ई सुरुज आधारित साल (पृथ्वी के सुरुज के चारो ओर एक चक्कर) से कम होला। जवना चंद्रमा कैलेंडर सभ के सुरुज आधारित कैलेंडर के साथे मैच करावे खाती अधिका महीना जोड़ दिहल जाला (जइसे हिंदू पतरा में मलमास) ओह कैलेंडर सभ के चंद्र-सौर कैलेंडर कहल जाला।
दुनिया में सभसे ढेर इस्तेमाल होखे वाला कैलेंडर ग्रेगरियन कैलेंडर हवे जे सौर कैलेंडर हऽ। बाकी लोकल स्तर पर बहुत सारा बरत-तिहुआर आ उत्सव सभ के लोकल आ परंपरागत चंद्रमा आधारित कैलेंडर सभ के तय कइल आ मनावल जाला। उदाहरण खाती, रमजान, दिपावली, होली, चीनी, जापनी, मंगोलियाई नया साल वगैरह तिहुआर चंद्रमा आधारित कैलेंडर से तय होलें।