इतिहास
पुराना समय के घटना आ उनहन के रिकार्ड, एह सभ के अध्ययन करे वाला बिसय / From Wikipedia, the free encyclopedia
बीतल समय के अध्ययन कइल आ ओकरा के कौनों तरीका से दर्ज कइल इतिहास (अंग्रेजी: History, हिस्ट्री) हवे। लिखाई के सुरुआत से पहिले के समय के अंग्रेजी में प्रीहिस्ट्री कहल जाला। इतिहास एगो ब्यापक शब्द हवे जेह में खाली भर पुराना समय के घटने सभ ना आवे ला बलुक एह घटना सभ संबंधी यादगार, सामग्री के कलेक्शन, इनहन के सुबेवस्थित कइल, प्रस्तुत कइल आ बिबेचन कइल - ई सबकुछ सामिल बाटे। इतिहासकार लोग बीतल जमाना के बारे में ज्ञान हासिल करे के कोसिस करे ला आ एकरा खातिर इतिहासी सामग्री भा स्रोत सभ पर निर्भर करे ला जिनहन में पुरान अवशेष, लिखल सामग्री, मुँहजबानी चलल चलि आ रहल बिबरन-बरनन आ इकोलॉजिकल चीन्हा सभ सामिल बाड़ें।