विकिपीडिया:के बारे में
भोजपुरी विकिपीडिया के परिचय / From Wikipedia, the free encyclopedia
विकिपीडिया इंटरनेट पर आधारित एगो फ्री आ खुला ज्ञानकोश ह। ई विकि की रुप मेँ बा, मने कि एगो अइसन तरीका से आपस में जुड़ल पन्ना के भंडार जहाँ सभ केहू के संपादन करे के छूट बा आ मोका दिहल जाला। विकिपीडिया शब्द विकि अउर इनसाइक्लोपीडिया (ज्ञानकोष) शब्दन के मिला के बनल बा। विकि (wiki) एगो कंप्यूटर के भाषा हवे जेवना में ई ज्ञानकोश बनल बाटे। विकिपीडिया एगो बहुभाषी प्रोजेक्ट ह, अउर स्वयंसेवकन के सहकार से निर्मित बा, जेहु के भी इंटरनेट तक पहुँच बा ऊ विकिपीडिया पर लिख सकत बा अउर लेख कुल के संपादन कर सकत बा। विकिपीडिया के मुख्य सर्वर टैम्पा, फ्लोरीडा, अमेरिका में बा, अउरी दूसर सर्वर एम्सटर्डम अउर सियोल में बानें।
निपुण लोगन द्वारा बनावल गइल ज्ञानकोश न्यूपीडिया की सहजोगी की रूप में 29 जनवरी, 2001 मेँ एकर शुरुआत भइल। अब ई विकिमीडिया फाउन्डेशन द्वारा चलावल जात बा जेवन एगो गैर-लाभकारी संस्था ह। 2006 की बिचा में ए प्रोजेक्ट मेँ 46 लाख से भी ज्यादा लेख रहल, खाली अंग्रेज़ीये भाषा में 12 लाख से भी ढेर लेख रहल जेवन बढ़ के अब 4 लाख से अधिका हो चुकल बाटे। ई 285 से भी ज्यादा भषवन में बा, जे मेँ से 15 भषवन में 50 हज़ार से भी ज्यादा लेख बा। जर्मन भाषा के विकिपीडिया के डीवीडी में भी वितरित करल गइल बा। विकिपीडिया के संस्थापक जिमी वेल्स के शब्दन में ई "विश्व के हर बेकति के खातिर, उनकर आपन भाषा में एगो बहुभाषीय, मुक्त, सबसे ढेर मुमकिन गुणवत्ता वाला विश्वकोश बनावे आ वितरित करे के एगो कोसिस ह।"