2017 जी20 हैम्बर्ग सम्मेलन
From Wikipedia, the free encyclopedia
2017 हैम्बर्ग शिखर सम्मेलन दुनिया के प्रमुख आ परभावशाली देसन के समूह जी20 के मुखिया लोग के सम्मेलन बा जेकर आयोजन जर्मनी के हैम्बर्ग शहर में 7–8 जुलाई के आयोजित भइल।[2] भारी बिरोध प्रदर्शन[3] के बीच संपन्न भइल एह सम्मलेन के नतीजा मिलजुल रहल।[4] जर्मन रेडियो के टिप्पणीकार डागमार एंगेल के कहनाम रहल कि एगो सफल सम्मलेन जरूर कुछ अलग तरह के होला, बाकिर हालत अउरी खराब भी हो सकत रहल। पर्यावरण के मुद्दा पर अमेरिका अपना पहिलहीं कइल घोषणा के मोताबिक पेरिस समझौता से बहरें रहे के बात पर अड़ल रहल जबकि बाकी 19 गो पक्ष पेरिस समझौता के संघे मजबूती से खड़ा रहल।