स्टैंडर्ड परमाणु वजन
From Wikipedia, the free encyclopedia
स्टैंडर्ड परमाणु वजन (अंग्रेजी: Standard atomic weight; Ar, standard) कौनों रासायनिक तत्व के परमाणु भार हवे जवन कि पृथ्वी के आम वातावरण में मिले ला। एह तरीका से ई कौनों तत्व के पृथ्वी पर पावल जाए वाला आइसोटोप सभ (जिनहन के वजन अलग-अलग होला) के बिबिधता (वैरियेंस) के बतावे ला। एह वजन में मान (वैल्यू) सभ के मालुम करे खाती IUPAC (CIAAW) के परिभाषा के इस्तेमाल कइल जाला आ एही परिभाषा के तहत आवे वाला प्राकृतिक, स्टेबल आ पृथ्वी पर पावल जाए के निर्धारण कइल जाला। कई किसिम के परमाणु भार सभ में से ई सभसे बेसी (कॉमन) इस्तेमाल होखे वाला परमाणु भार हवे; उदाहरण खाती, मोलर मास की गणना में एही के इस्तेमाल कइल जाला।