स्केटबोर्डिंग
From Wikipedia, the free encyclopedia
स्केटबोर्डिंग एगो एक्शन वाला खेल ह जवने में कई तरह की कलाकारी की साथ स्केटबोर्ड क सवारी शामिल कइल जा सकेला। स्केटबोर्डिंग के एगो मनोरंजक गतिविधि, एगो कला, एगो नौकरी या परिवहन का एगो तरीका मानल जा सकेला।[1] पिछला कई सालन की दौरान स्केटबोर्डिंग की वर्तमान स्वरूप के कईगो स्केटबोर्डर्स ढलले और प्रभावित कइले बालो। 2009 में प्रकाशित एगो रिपोर्ट में पावल गइल की दुनिया भर क स्केटबोर्डिंग क बाजार अपनी 11.08 मिलियन सक्रीय यूजर्स की साथ कुल $ 4.8 बिलियन सालाना मूल्य क हो गइल रहे।[2] 2016 में स्केटबोर्डिंग के 2020 में टोक्यो, जापान में आयोजित होखे वाला ओलंपिक खेलन में शामिल कइले क घोषणा कइल गइल।[3]
Quick Facts Characteristics, Mixed gender ...
Characteristics | |
---|---|
Mixed gender | हँऽ, अलग-अलग प्रतियोगिता |
Presence | |
Country or region | दुनियाभर |
Olympic | 2020 के ओलंपिक से |
Close
1970 की दशक की बाद से, स्केटबोर्डर्स की उपयोग खातिर स्केटपार्क्स बनल शुरू हो गई न स।