सैमुएल टेलर कूलरिज
From Wikipedia, the free encyclopedia
सैमुएल टेलर कूलरिज (अंग्रेजी: Samuel Taylor Coleridge; /ˈkoʊləˌrɪdʒ/; 21 अक्टूबर 1772 – 25 जुलाई 1834) एगो अंगरेज कवी, समालोचक आ दार्शनिक धर्मशास्त्री रहलें। इनके साथी विलियम वर्ड्स्वर्थ के साथे, इनके रोमांटिक आंदोलन के सुरुआत करे खाती जानल जाला आ ई लेक पोएट्स के सदस्य रहलें। दि राइम ऑफ दि एनशियेंट मैरिनर आ कुब्ला खान इनके प्रमुख काब्यात्मक रचना हई आ प्रमुख गद्य रचना बायोग्रैफिया लिटरेरिया हवे। इनके समालोचक के रूप में कृति बिसेस रूप से शेक्सपियर पर इनके समालोचना बहुत परभावशाली रहल, इनके समालोचना जर्मन आदर्शवाद के दर्शन के इंग्लैंड में स्थापना में महत्व वाला चीज रहल। इनकर काफी परभाव इमर्सन नियर लेखक पर आ अमेरिकी ट्रांसेंडेंटलिस्म पर परल।
सैमुएल टेलर कूलरिज | |
---|---|
जनम | (1772-10-21)21 अक्टूबर 1772 ओट्टेरी सेंट मैरी, डिवोन, इंग्लैंड |
निधन | 25 जुलाई 1834(1834-07-25) (उमिर 61) हाइगेट, मिडिलसेक्स, इंग्लैंड |
पेशा | कवी, समालोचक, दार्शनिक |
महतारी संस्था | जीसस कॉलेज, कैंब्रिज |
साहित्यिक आंदोलन | रोमांटिसिस्म |
प्रमुख रचना | दि राइम ऑफ दि एनशियेंट मैरिनर, कुब्ला खान, क्राइस्टबेल |
जीवनसाथी | सारा फ्रिकर |
संतान | सारा कूलरिज, बर्कले कूलरिज, डरवेंट कूलरिज, हार्टली कूलरिज |
दसखत |
अपना पूरा जिनगी, कूलरिज कई किसिम के एंग्जाइटी आ डिप्रेसन नियर मानसिक बेमारी से ग्रस्त रहलें। इहो अनुमान लगावल जाला की ऊ बाइपोलर डिसऑर्डर के मरीज रहलें, हालाँकि ओह समय में ई मानसिक बेमारी अभिन परिभाषित ना भइल रहल।[1] शरीसे अस्वस्थ रहलें, र्यूमेटिक बोखार से ग्रस्त होखे के बाद उनके अइसन स्थिति भइल आ अउरी बचपन में भइल बेमारी सभ के असर भी जिनगी भर रहल। एह सभ के इलाज के दौरान उनके अफीम के लत लागल जे जिनगी भर रहल।