व्लादीमिर नाबोकव
From Wikipedia, the free encyclopedia
व्लादीमिर व्लादीमिरविच नाबोकव (रूसी: Владимир Владимирович Набоков) (10 अप्रैल 1899जूलि, 22 अप्रैल 1899ग्रेग - 2 जुलाई 1977) रूसी अउरी अंग्रेजी भाषा क लेखक रहलें। उनके उपनाँव व्लादिमीर सिरिन की नाँव से भी जानल जाला।
व्लदीमिर नाबोकोव | |
---|---|
जनम | Vladimir Vladimirovich Nabokov 22 April [O.S. 10 April] 1899[नोट 1] Saint Petersburg, Russian Empire |
निधन | 2 जुलाई 1977(1977-07-02) (उमिर 78) Montreux, Switzerland |
पेशा | Novelist, professor |
राष्ट्रियता | Russian, American and Swiss |
महतारी संस्था | University of Cambridge |
साहित्यिक आंदोलन | Modernism, postmodernism |
प्रमुख रचना | The Defense (1930) Despair (1934) Invitation to a Beheading (1936) The Gift (1938) "Signs and Symbols" (1948) Lolita (1955) Pnin (1957) Pale Fire (1962) Speak, Memory (1936–1966) Ada, or Ardor (1969) |
जीवनसाथी | Vera Nabokov |
संतान | Dmitri Nabokov |
दसखत | |
वेबसाइट | |
vladimir-nabokov | |
साहित्य portal |
शुरुआत में ऊ खाली रूसी भाषा में लिखें बाकी बाद में अंग्रेजियो में लिक्खे शुरू कइ दिहलें। उनकर पहिला नौ गो उपन्यास रूसी भाषा में रहे बाद में अंग्रेजी में भी लिखे लगलें लेखक की आलावा उनके तितली निरेखेवाला आ शतरंज क समस्या बनावेवाला की रूप में भी जानल जाला।
नाबोकव के सबसे ढेर जानल जाला उनकी अंग्रेजी उपन्यास लोलिता खातिर जेवन अंग्रेजी में उनकर बारहवाँ उपन्यास रहे आ सभसे नीमन रचना मानल जाले। ई एगो बहुत सुन्दर आ विवादास्पद रचना हवे। लोलिता (1955) के आधुनिक 100 सबसे बढ़ियां उपन्यासन की लिस्ट में चौथा अस्थान दिहल गइल आ पीयर आग (1962) एही लिस्ट में 53 वाँ अस्थान पवलस।
लोलिता आ पीयर आगि (Pale fire) की आलावा फिन (Phin) आ अदा या ऑर्डर (Ada or Ardor) उनकर प्रसिद्द रचना हईं। उनके सात बेर खातिर नामांकित कइल गइल लेकिन ई पुरस्कार एको बेर मिलल ना।