व्लादीमिर कोपेन
जर्मन मौसमबिज्ञानी आ जलवायुबिज्ञानी (1846-1940) / From Wikipedia, the free encyclopedia
व्लादीमिर कोपेन (अंग्रेजी: Wladimir Köppen; 25 सितंबर 1846 — 22 जून 1940) एगो रशियन-जर्मन भूगोलवेत्ता, मौसमबिग्यानी, जलवायु बिग्यानी आ बनस्पति बिग्यानी रहलें। सेंट पीटर्सबर्ग में पढ़ाई के बाद उनके अधिकतर जिनगी आ कैरियर जर्मनी आ ऑस्ट्रिया में बीतल। इनके सभसे परसिद्ध आ महत्व के काम जलवायु के प्रकार के बर्गीकरण सिस्टम डेवलप कइल रहल जेकरा के अब कोपेन के जलवायु वर्गीकरण के रूप में जानल जाला; कुछ सुधार आ बदलाव के बाद ई आजो सभसे कॉमन इस्तेमाल वाला जलवायु बर्गीकरण हवे आ ब्यापक रूप से इस्तेमाल हो रहल बा।[2] एकरे अलावा कोपेन कई गो योगदान अउरी क्षेत्र में कइलें, एरोलॉजी (Aerology) शब्द दिहलें, ऊपरी वायुमंडल / हवा के अध्ययन के बिज्ञान खातिर।[3]
Quick Facts Wladimir Köppen, जनम ...
Wladimir Köppen | |
---|---|
जनम | 25 September 1846 Saint Petersburg, Russian Empire |
निधन | 22 जून 1940(1940-06-22) (उमिर 93) Graz, Ostmark, Nazi Germany (now in Austria)[1] |
राष्ट्रीयता | Russian/German |
काम के क्षेत्र | Geography, meteorology, climatology, botany |
संस्था | University of Heidelberg University of Leipzig |
अल्मा मैटर | University of Saint Petersburg |
Known for | कोपेन के जलवायु वर्गीकरण |
Close