विलियम जोन्स
एंग्लो-वेल्श फिलोलॉजिस्ट आ भारतबिद्या के जानकार (1746-1794) / From Wikipedia, the free encyclopedia
सर विलियम जोन्स (अंग्रेजी: Sir William Jones), एफआरएस एफआरएएस एफआरएसई (28 सितंबर 1746 — 27 अप्रैल 1794) बंगाल के फोर्ट विलियम में सुप्रीम कोर्ट ऑफ ज्यूडिकेचर पर ब्रिटिश कनिष्ठ जज, भाषा बिज्ञानी, प्राच्य बिज्ञानी (ओरिएंटलिस्ट) आ आ प्राचीन भारत के बिद्वान (इंडोलॉजिस्ट) रहलें। इनके खासतौर पर यूरोपीय आ इंडो-आर्य भाषा सभ के बीच संबंध के अस्तित्व के प्रस्ताव खातिर जानल जाला, जिनहन के बाद में इंडो-यूरोपीय भाषा सभ के नाँव से जानल गइल।
Quick Facts विलियम जोन्स, फोर्ट विलियम कोर्ट, बंगाल में कनिष्ठ जज ...
विलियम जोन्स | |
---|---|
फोर्ट विलियम कोर्ट, बंगाल में कनिष्ठ जज | |
कार्यकाल 22 अक्टूबर 1783[1] – 27 अप्रैल 1794[2] | |
निजी जानकारी | |
जनम | (1746-09-28)28 सितंबर 1746 वेस्टमिंस्टर, लंदन, इंग्लैंड |
निधन | 27 अप्रैल 1794(1794-04-27) (उमिर 47) कलकत्ता, बंगाल प्रेसिडेंसी |
Resting place | साउथ पार्क स्ट्रीट कब्रिस्तान, कलकत्ता, भारत |
जीवनसाथी | आना मारिया शिप्ली (बि. 1783) |
पिता | विलियम जोन्स (गणितज्ञ) |
Close
जोन्स के 1784 में एशियाटिक सोसाइटी ऑफ बंगाल के स्थापना के श्रेय भी दिहल जाला।