रासायनिक तत्व
From Wikipedia, the free encyclopedia
रासायनिक तत्व (अंग्रेजी: Chemical element) अइसन रासायनिक पदार्थ होला जवना के सगरी परमाणु सभ में एक बराबर प्रोटॉन के संख्या पावल जाले (मने की ओकरा हर एक परमाणु के परमाणु नंबर, Z, बराबर होखे)। रसायनशास्त्र के प्रसंग में लिखत-पढ़त घरी एकरा के खाली तत्व कह दिहले से भी इहे अरथ बुझाला की रासायनिक तत्व के बात कइल जात बाटे।
ऊपर: रासायनिक तत्वन के बेवस्था बतावे वाली पीरियॉडिक टेबल नीचे: कुछ रासायनिक तत्वन के उदाहरण बाएँ से दाहिने: हाइड्रोजन, बेरियम, तामा, यूरेनियम, ब्रोमीन, आ हीलियम। |
वर्तमान समय में 118 गो तत्वन के पहिचान कइल गइल बाटे जवना में से 94 गो प्राकृतिक रूप से पृथ्वी पर पावल जालें आ बाकी 24 गो सिंथेटिक तत्व हवें।
कुल 80 गो तत्व अइसन बाड़ें जिनहन के कम से कम एक ठो स्थाई (स्टेबल) आइसोटोप बाटे आ 38 गो तत्व खासतौर पर रेडियोएक्टिव आइसोटोप वाला बाड़ें जिनहन में समय बितला के साथ क्षय हो के दुसरा तत्व में बदलाव होत रहे ला। लोहा द्रब्यमान के लिहाज से सभसे ढेर पावल जाए वाला तत्व बाटे आ ऑक्सीजन पृथ्वी के क्रस्ट में सभसे बहुतायत से मिले वाला तत्व बा।[1]