रबी
From Wikipedia, the free encyclopedia
रबी भारत आ आसपास के इलाका में एगो फसली सीजन हवे।[1] ई सीजन के फसल अक्टूबर से मार्च की बिचा में जाड़ा में होखे लीं आ बसंत में इनहन के कटिया होखे ला। मुख्य फसल गोहूँ हवे। सीजन के अलावे एह फसल सभ के भी रबी के नाँव से भा रबी के फसल के नाँव से जानल जाला।
शब्द के उत्पत्ती अरबी मूल से हवे जहाँ एकर मतलब बसंत होला। काहें से कि एह सीजन के फसल सभ पाक के बसंत में कटिया खाती तइयार होखे लीं, इनहन के नाँव रबी के फसल आ एह फसली सीजन के नाँव रबी पड़ गइल।