यारलुंग त्सां पो गॉर्ज
From Wikipedia, the free encyclopedia
यारलुंग त्सां पो गॉर्ज भा यारलुंग त्सां पो ग्रैंड कैनियन ब्रहमपुत्र नदी द्वारा हिमालय के काट के बनावल गइल बिसाल गॉर्ज (गहिरी घाटी) हवे। तिब्बत में एह नदी के नाँव यारलुंग त्सांग पो हवे आ ई नदी मानसरोवर झील के लगे आंग्सी ग्लेशियर से निकले के बाद दक्खिनी तिब्बत में पच्छिम से पूरुब ओर के बहे ले एकरे बाद अचानक अपना दहिने मुड़े ले आ हिमालय के पार करे ले; जहाँ ई नदी एह बिसाल आ ऊँच परबत श्रेणी के पार करे ले, ई गहिरी घाटी (कैनियन भा गॉर्ज) बने ले। एकरे बाद नदी भारत के अरुणाचल आ आसाम राज्य के ओर बहे ले।
कुछ स्रोत के मोताबिक ई दुनिया के सभसे गहिरी घाटी हवे आ लंबाई में भी ई अमेरिका के ग्रैंड कैनियन से कुछ लमहर होखे के कारन दुनिया के सभसे बिसाल कैनियन हवे।