मोहम्मद अल-इदरीसी
From Wikipedia, the free encyclopedia
मोहम्मद अल-इदरीसी (1100 – 1165) जिनके खाली अल-इदरीसी के नाँव से भी जानल जाला, एगो अरब मुसलमान भूगोलवेत्ता, नक्शानवीस (कार्टोग्राफर) आ मिस्रबिज्ञानी रहलें। ई कुछ दिन ले सिसिली के पालेर्मो में रोजर II के दरबार में रहलें। इनकर जानम स्वेटा (Ceuta) नामक एगो अस्थान (वर्तमान स्पेन में) पर भइल रहल। ई दुनियाँ के नक्शा बनवलें जे मध्य जुग के नक्शा सभ में सभसे बेहतरीन मानल जाला; इनके एह नक्शा के टेबुला रोजरियाना (1154) के नाँव से परसिद्धि हवे।
Quick Facts मुहम्मद अल-इदरीसी, जनम ...
मुहम्मद अल-इदरीसी | |
---|---|
जनम | 1100 (1100) स्वेटा, अलमोरावी राज (आजकाल के स्पेन) |
निधन | 1165 (aged 64–65) स्वेटा, अलमोहाद खिलाफत, (आजकाल के स्पेन) |
काम के क्षेत्र | भूगोलवेत्ता, लेखक, बैज्ञानिक, कार्टोग्राफर |
Known for | टेबुला रोजरियाना (नक्शा) नुज़हत अल-मुस्तहक़ (किताब) |
Close
क्लार्क युनिवर्सिटी के द्वारा बनावल गइल जीआईएस सॉफ्टवेयर के नाँव इनके सम्मान में इदरीसी (IDRISI) रखल गइल (अब एकर नाँव टेरसेट हो गइल बा)।