मॉब लिंचिंग
भीड़ द्वारा सजा, हत्या / From Wikipedia, the free encyclopedia
मॉब लिंचिंग या लिंचिंग (अंग्रेजी: Lynching; अरथ: भीड़ दुआरा मुआ डारल) कौनों झुंड या भीड़ द्वारा, कानून से ऊपर उठ के, केहू के सजा देवे खातिर कइल हत्या हवे। अक्सरहा अइसन घटना में भीड़ केहू के कौनों अपराध के दोषी मान के खुद सजा देवे खातिर उतर परे ले आ तर्क ई दिहल जाला कि कानून के कमजोरी के दसा में भीड़ खुदे न्याय क रहल बा।
लिंचिंग के घटना सभ के पुरान इतिहास रहल बा जहाँ यूरोप के इतिहास में भीड़ द्वारा सजा देवे के कई उदाहरण मिले ला। अमेरिका में करिया (ब्लैक) लोग के अइसन तरीका से छोट-छोट अपराध पर हत्या क देवे के घटना के बिबरन भी मिले ला। वास्तव में लिंचिंग शब्द के उत्पत्ती अमेरिकी सिविल वार (घरेलू जुद्ध) के दौरान भइल भले अइसन घटना पहिलहूँ होखत रहे, एकरा खातिर नया शब्द अमेरिका में मिलल। एकरा उत्पत्ती "लिंच कानून" से बतावल जाला आ चार्ल्स लिंच आ विलियम लिंच नाँव के दू लोग के बारे में अनुमान लगावल जाला कि एही में से केहू के नाँव पर अइसन भीड़ कानून के नाँव पड़ल आ बाद में लिंचिंग शब्द जनमल।