मैरी वूल्स्टनक्राफ्ट
From Wikipedia, the free encyclopedia
मैरी वूल्स्टनक्राफ्ट (/ˈwʊlstən.krɑːft/; 27 अप्रैल 1759 – 10 सितंबर 1797) एगो अंगरेज लेखिका, दार्शनिक, आ नारी अधिकार के पक्षधर वक्ता रहली। अपना छोट कार्यकाल में मैरी वूल्स्टनक्राफ्ट उपन्यास लिखली, निबंध संग्रह, फ्रांसीसी क्रांति के इतिहास, आचार बेह्वार पर पुस्तक, यात्रा संस्मरण आ लड़िकन खाती किताब लिखली। इनका के अ विंडिकेशन ऑफ दि राइट्स ऑफ वूमन (1792) खाती प्रमुख रूप से जानल जाला जेह में इनके तर्क रहे कि आदमी आ औरत दुनों बराबर तार्किक प्राणी हवें आ औरतन के मर्द लोग से कमतर ना बूझे के चाहीं बलुक अइसन कमतरी औरतन के शिक्षा के आभाव के कारण बाटे।
Quick Facts मैरी वूल्स्टनक्राफ्टMary Wollstonecraft, जनम ...
मैरी वूल्स्टनक्राफ्ट Mary Wollstonecraft | |
---|---|
जनम | (1759-04-27)27 अप्रैल 1759 स्पिटलफील्ड्स, लंदन, इंग्लैंड |
निधन | 10 सितंबर 1797(1797-09-10) (उमिर 38) सोमर्स टाउन, लंदन, इंग्लैंड |
प्रमुख रचना | अ विंडिकेशन ऑफ दि राइट्स ऑफ वूमन |
जीवनसाथी | विलियम गॉडविन |
पार्टनर | गिल्बर्ट इमले |
संतान | फैनी इमले मैरी गॉडविन a.k.a. मैरी शेली |
Close