मैना
एक प्रकार के चिरई / From Wikipedia, the free encyclopedia
मैना कई प्रजाति के चिरइन के कहल जाला। ई सगरी चिरई सभ जे मैना कहि के बोलावल जालीं, दक्खिन एशिया आ मुख्य रूप से भारत के मूल निवासी हई स आ इहाँ से बाकी देसन में इनहन के फइलाव भइल हवे। कुछ जगह त इनहन के आक्रमणकारी प्रजाति के रूप में भी चिन्हित कइल गइल बा।
मैना | |
---|---|
देसी मैना | |
बैज्ञानिक वर्गीकरण | |
किंगडम: | Animalia |
फाइलम: | Chordata |
क्लास: | Aves |
ऑर्डर (Order): | Passeriformes |
परिवार: | Sturnidae |
जीव बिज्ञान भा चिरई बिज्ञान के अनुसार, मैना अपने आप में कवनो जाति या प्रजाति ना हवे। इ तऽ एगो आम चलनसार नाँव हवे। आम आदमी कई प्रजाति के चिरइन सभ के सड़मेड़े मैना कहि के बोलावे ला। बैज्ञानिक बर्गीकरण के हिसाब से एह में कई प्रजाति के चिरई सामिल बाड़ी सऽ। मुख्य रूप से स्टर्लिंग परिवार की चिरइन के मैना नाँव से बोलावल जाला।
भोजपुरी के मैना शब्द संस्कृत भाषा से आइल मानल जाला। एकर उत्पत्ति संस्कृत की "मदना" से मानल जाला। मैना भारत आ एकरी आसपास की देसन में पावल जालीं आ इहाँ से दूसरी देसन में भी ले जाइल गइल बाड़ीं।