मरे नदी
आस्ट्रेलिया के सबसे लमहर नदी / From Wikipedia, the free encyclopedia
मरे नदी (अंग्रेजी: Murray River) ऑस्ट्रेलिया महादीप के एक ठो प्रमुख नदी बाटे। एह नदी के कुल लंबाई 2,508 किलोमीटर (1,558 मील) बा आ ई आस्ट्रेलिया के सभसे लमहर नदी हवे।[1] नदी आस्ट्रेलिया के पूरुबी-दक्खिन हिस्सा में मौजूद एहिजा के सभसे ऊँच परबत श्रेणी सभ के आस्ट्रेलियाई आल्प्स परबत से निकले ले आ आगे उत्तर-पच्छिम मुहें बहे ले, मैदान में जा के तेज मोड़ ले के एकर दिसा अंत में दक्खिन पच्छिम हो जाला।
Quick Facts देस, राज्य ...
मरे नदी | |
Murray River | |
मरे ब्रिज के लगे मरे नदी के निचला बहाव के हिस्सा | |
देस | ऑस्ट्रेलिया |
---|---|
राज्य | न्यू साउथ वेल्स, विक्टोरिया, साउथ ऑस्ट्रेलिया |
सहायिका | |
- बायें से | मिटा मिटा नदी, कीवा नदी, ओवेंस नदी, गोल्बर्न नदी, कैंपास्पी नदी, लोड्डोन नदी |
- दहिने से | स्वैंपी प्लेंस नदी, मर्रमबिजी नदी, डार्लिंग नदी |
शहर | अल्बरी, वोडोंगा, इशूका, स्वान हिल, माइल्डूरा, रेनमार्क, मरे ब्रिज |
उदगम | Cowombat Flat |
- लोकेशन | आस्ट्रेलियाई आल्प्स, न्यू साउथ वेल्स आ विक्टोरिया |
- ऊँचाई | 1,430 मी (4,692 फीट) |
- निर्देशांक | 36°47′46″S 148°11′40″E |
मुहाना | मरे मुहाना |
- लोकेशन | गूल्वा के लगे, साउथ ऑस्ट्रेलिया |
- ऊँचाई | 0 मी (0 फीट) |
- निर्देशांक | 35°33′32″S 138°52′48″E |
लंबाई | 2,508 किमी (1,558 मील) |
थाला | 1,061,469 किमी2 (409,835 वर्ग मील) |
जलनिकास | |
- औसत | 767 m3/s (27,086 cu ft/s) |
मरे नदी के रास्ता के नक्शा | |
Wikimedia Commons: Murray River | |
Close
समुंद्र में ई जहाँ मिले ले ओह जगह के मरे मुहाना कहल जाला आ एकरे ठीक पहिले अलेक्जेंड्रीना झील आ कोरूंग झील (चाहे कोरूंग नमभूमि) बाड़ी स। नदी के अंत में कई गो टर्मिनल झील बाड़ी स जे अब खारा पानी वाली हो चुकल बाड़ी बाकी कुछ दशक पहिले ई मीठा पानी वाली रहलीं सऽ।