बलूचिस्तान प्रांत
पाकिस्तान के एगो प्रांत / From Wikipedia, the free encyclopedia
बलूचिस्तान पाकिस्तान के पाँच गो प्रांत सभ में से एगो प्रांत बा जे एह देस के सभसे पच्छिमी प्रांत हवे आ देस के दक्खिनी-पच्छिमी हिस्सा में पड़े ला। रकबा के हिसाब से ई पाकिस्तान के सभसे बड़हन प्रांत हवे आ एकर प्रशासनिक राजधानी क्वेटा हऽ।
Quick Facts बलूचिस्तान بلوچِستان, देस ...
बलूचिस्तान
بلوچِستان | |||
---|---|---|---|
प्रांत | |||
Coordinates: 27.7°N 65.7°E / 27.7; 65.7 | |||
देस | पाकिस्तान | ||
राजधानी | क्वेटा | ||
Area | |||
• Total | 347,190 किमी2 (134,050 बर्ग मील) | ||
Population | |||
• Total | 12,344,408 | ||
• Density | 36/किमी2 (92/बर्ग मील) | ||
Demonym | बलूची | ||
Website | www |
Close
बलूचिस्तान प्रांत के उत्तर में अफगानिस्तान देस, उत्तर-पूरुब में पाकिस्तान के खैबर पख्तूनख्वा आ पंजाब प्रांत, दक्खिन पूरुब में सिंध प्रांत, दक्खिन में अरब सागर आ पच्छिम में ईरान देस बाड़ें।
इहाँ के ख़ास बलूच संस्कृति हवे आ ई इलाका बहुत सूखा रेगिस्तान वाला हवे। राजधानी क्वेटा के आलावा इहाँ ग्वादार नाँव के बंदरगाह शहर प्रमुख बा आ ई इलाका प्राकृतिक गैस के भंडार खाती भी महत्व के इलाका हवे। इहाँ पाकिस्तान बिरोधी भावना आ अलगाववाद के समस्या भी बाटे।