फ्लूवियल प्रॉसेस
नदी, जलधारा भा बहत पानी से थलरूप निर्माण के भूआकृतिबिज्ञानी प्रक्रिया / From Wikipedia, the free encyclopedia
भूगोल आ भूबिज्ञान में फ्लूवियल प्रॉसेस (अंग्रेजी: fluvial processes) सभ बहत पानी, खास क के नदी भा कौनों जलधारा के रूप में बहे वाला पानी, से संबंधित प्रासेस हईं; एकरा साथे इनहन से बनल थलरूप सभ के अध्ययन एह शाखा में कइल जाला। हिंदी में इनहन के जलीय प्रक्रिया चाहे जलीय प्रक्रम के नाँव से जानल जाला। एह में नदी भा जलधारा द्वारा जमीनी हिस्सा पर चट्टान सभ के कटाव (इरोजन), मलबा आ भूपदार्थ सभ के एक जगह से दुसरे जगह ले ले जाइल (ट्रांसपोर्टेशन) आ ओह भूपदार्थ सभ के जमाव (डिपोजीशन) के क्रिया शामिल बाड़ी स आ इनहन से बने वाली जमीनी आकृति सभ - थलरूप सभ के शामिल कइल जाला।
कुछ दशा में, ग्लेशियर आ नदी दुनों के संजोग से बने वाला प्रासेस भी जमीन के सतह प बदलाव करे खातिर काम करे लीं, एह प्रासेस सभ के एकट्ठा ग्लेशियोफ्लूवियल चाहे फ्लूवियोग्लेशियल प्रासेस के नाँव से जानल जाला।