फ्रिज
घरेलू चाहे कॉमर्शियल जुगति जे खानपान के चीजन के ठंढा रख के उनहन के भंडारण के कामे आवे ला / From Wikipedia, the free encyclopedia
फ्रिज चाहे रेफ्रिजरेटर, एगो घरेलू मशीन हवे जे बिबिध चीजन के ठंढा रखे के कामे आवे ला। ई एक तरह के थर्मली इन्सुलेटेड डिब्बा (जेह में गर्मी के बाहर-भीतर आवाजाही ना होखे) आ हीट पंप (मकेनिकल, इलेक्ट्रॉनिक भा रासायनिक) होला जे एकरे भीतर से गर्मी के बाहरी वातावरण में ट्रांसफर करे ला जवना से कि एकरे भीतर के तापमान कमरा के तापमान के तुलना में नीचे चल जाला आ चीज ठंढा रहे लीं। दुनिया भर में फ्रिज एगो जरूरी खाद्य भंडारण तकनीक हवे। तापमान कम होखला से बैक्टीरिया सभ के प्रजनन दर कम हो जाला, एहसे फ्रिज के भीतर रखल चीज के खराब होखे के दर कम हो जाला।
फ्रिज पानी के जमाव के बिंदु से कुछ डिग्री ऊपर के तापमान के बना के रखेला। नाशवान खाद्य भंडारण खातिर सभसे बेहतर तापमान रेंज 3 से 5 °C (37 से 41 °F) होला। अइसन उपकरण जे पानी के जमाव के बिंदु से नीचे के तापमान रखे ला, फ्रीजर कहल जाला। फ्रिज आइसबॉक्स के जगह ले लिहलस जवन लगभग डेढ़ सदी से एगो आम घरेलू उपकरण रहे। अमेरिका के खाद्य आ औषधि प्रशासन के सलाह बा कि फ्रिज के 4 °C (40 °F) भा एकरे नीचे रखल जाय आ फ्रीजर के −18 °C (0 °F) पर सेट कइल जाय।