प्रयोगकर्ता:SM7/भारत की चिरइन के लिस्ट
From Wikipedia, the free encyclopedia
ई भारत देस में पावल जाए वाली चिरई कुल क लिस्ट हवे।
Warning: This template – {{Userspace notes}} – is misplaced.
|
भारत में पक्षिन क लगभग 1314 प्रजाति क पहिचान कइल गइल बाटे। इन्हन में से 42 गो देसी प्रजाति, 1 गो बाहर से आदमिन द्वारा ले आइल, आ करीब 25 गो बहुत कम पावाल जाये वाली बाडीं। दू गो प्रजाति अबले भारत से बिलुप्त हो चुकल बाडीं आ 82 गो प्रजाति अइसन बाडीं जिनहन पर पुरा बिस्व में खतरा मँडरात बाटे।
भारत का राष्ट्रीय पक्षी भारतीय मोर हउवे।[1]
हाले में खोजाइल चिरई क प्रजाति बगन लोइ बाटे जेवन अरुणाचल प्रदेश में सन् 2006 में मिलल। एकरी आलावा कुच्छ अइसनो प्रजाति बाड़ी स जेवन बिलुप्त मान लिहल गइल रहलीं ह लेकिन फिर दुबारा मिल गइल बाड़ी। जइसे कि जार्डन क्रूसर। कुछ के पहिले उपप्रजाति मानल जाव लेकिन अब अलगा से प्रजाति मान लिहल गइल बाटे। ई लिस्ट जीव विज्ञान की वर्गीकरण किहिसाब से बनावल गइल बाटे। एम्में प्रयोग भइल अंग्रेज़ी आ वैज्ञानिक नांव अंतर्राष्ट्रीय चिरई वैज्ञानिक संघ क लिस्ट (वर्ज़न 3.2) पर आधारित बाटे आ भोजपुरी नाँव भारत की परसिद्ध चिरई वैज्ञानिक सालिम अली की किताब में दिहल उत्तर प्रदेश आ बिहार की नाँव पर आधारित बा। जवन चिरई ए इलाका में ना पावल जाली उन्हन क हिंदी या लोकल भाषा में नाँव दिहल बा।
लिस्ट में हर हेडिंग एगो जीव वैज्ञानिक परिवार खातिर बाटे आ ओह परिवार या वंश में कुल प्रजातिन क गिनती लिखल बा।
नीचे लिस्ट में दिहल टैग क मतलब:
- (A) Accidental जवन प्रजाति भारत में यदा कदा लउक जाले
- (E) Endemic जवन भारत का देसी प्रजाति (endemic) हवे
- (I) Introduced आदमी द्वारा इहाँ ले आइल गइल बाटे
- (Ex) Extirpated भारत से बिलुप्त