पोर्नोग्राफी
From Wikipedia, the free encyclopedia
पोर्नोग्राफी (अंग्रेजी: pornography), जेकरा के आम भाषा में पोर्न चाहे पोर्नो भी कहल जाला, कामुकता चाहे सेक्स संबंधी सामग्री "जइसे कि फोटो, बीडियो, चाहे पाठ" के रूप में परिभाषित कइल जाला, जे कामुक उत्तेजना पैदा करे वाला होखे। मने कि अइसन सामग्री पोर्न फिलिम, अश्लील चित्र (फोटो भा पेंटिंग) आ कामोत्तेजक भा अश्लील साहित्य के रूप में हो सके ला।
अइसन मटेरियल के लमहर इतिहास रहल बा आ प्राचीन काल के गुफा पेंटिंग से ले के आज्काल्ह के वर्चुअल रियलिटी वाला माध्यम सभ ले एकर बिकास आ बिस्तार भइल बाटे। पोर्नोग्राफी के इस्तेमाल के रिक्रिएशनल एक्टिविटी से ले के कानूनी आ नैतिक रूप से हानिकारक तक ले मानल जाला। वयस्क भा एडल्ट लोग के लायक सामग्री आ पोर्नो में भी कई बेर बिभेद कइल जाला; एडल्ट भा इरोटिक (कामोत्तेजक) सामग्री के कई बेर पोर्न के रूप में कटेगराइज कइल जाला।
जहाँ एक ओर अइसन सामग्री के कामुक इच्छा सभ के सुरक्षित निकास के माध्यम मानल जाला, कई दसा में ई अपराध आ सामाजिक कुरूपता के रूप में भी देखल जाला।