पर्यटन
आनंद भा मजा खातिर जतरा / From Wikipedia, the free encyclopedia
पर्यटन (अंग्रेजी: tourism), मनोरंजन आ मन बहलाव, चाहे आनंद भा मजा खातिर जतरा ह आ एह में सगरी अइसन आर्थिक आ कॉमर्शियल एक्टिविटी के सामिल कइल जाला जे एह किसिम के जतरा में मददगार होखे लीं। पर्यटन के कई किसिम भा प्रकार में बाँटल जा सके ला जइसे कि एडवेंचर पर्यटन, प्रकृति पर्यटन, मनोरंजन पर्यटन इत्यादि। उदाहरन खातिर, धार्मिक पर्यटन के तीर्थ यात्रा कहल जाला जेवन आध्यात्मिक सुख-संतोष खातिर कइल जाला।
बिस्व पर्यटक संस्था, पर्यटन के परिभाषा दिहले बा कि "(लोगन द्वारा) अपने आम निवास अस्थान से बाहर गइल आ उहाँ जाके आराम, बिजनेस या कौनों दूसर उद्देश्य खातिर एक बरिस से कम समय खातिर रुकल" पर्यटन बा।[1]