निकोलो मैकियावेली
इटली के डिप्लोमैट आ राजनीति आ मलेटरी संबंधी थियरी देवे वाला दार्शनिक आ लेखक (1469–1527) / From Wikipedia, the free encyclopedia
निकोलो मैकियावेली (Niccolò di Bernardo dei Machiavelli; 3 मई 1479 — 21 जून 1527) इटली के एगो दार्शनिक आ लेखक रहलन। इनकर किताब द प्रिंस बहुत प्रख्यात बाटे जेकरा ई 1513 मे गहले रहन। इनकरा आधुनिक राजनीति बिज्ञान के पिता कहल जाला।
निकोलो मैकियावेली | |
---|---|
जनम | 3 मई 1469 Florence, Republic of Florence |
निधन | 21 जून 1527(1527-06-21) (उमिर 58) Florence, Republic of Florence |
उल्लेखनीय काम | The Prince, Discourses on Livy |
जुग | Renaissance philosophy |
इलाका | Western philosophy |
मतपरंपरा | Classical realism Classical republicanism |
मुख्य इन्ट्रेस्ट | Politics and political philosophy, military theory, history |
उल्लेख जोग बिचार | Classical realism, virtù, multitude, national interest |
Influences
| |
Influenced
| |
दसखत | |
ई बहुत दिन ले फ्लोरेंस राज दरबार मे मंत्री रहन। ई कबिता आ चुटकुला लिखत रहन। मैकियावेली राजनीतिक लड़ाई सभ के नैतिकता से आँखि से ना देखलें बाकिर ऊ मानत रहन जे इ सभ एगो खेला हऽ जेकर नियाम पहिले से बनावल बाटे। हुनकर अनुभव से ऊ जानत रहन जे राजनीती खाली छल आ अपराध से होला। यू कहले बाड़न जे एगो राजा जे केवनो राज स्थापित करत बजी केवनो कुकरम करऽता तऽ ओकरा माफ कऽ देवे के चाहीं जदि एकर परिनाम से लाभ मिले के बा। इनकर पुस्तक द प्रिंस प ढेर लोग आपन राए देल, केहू कहलस की एह पुस्तक मे "ई लिखल बा की कइसे खराब राजा सभ राज चलावेलऽसन" तऽ केहू कहलस जे "एहमे राजा सभ के सुझाव दिहल बा के कइसे ऊ आपन राज बचा सकेला"।