दुधवा नेशनल पार्क
उत्तर प्रदेश के लखीमपुर खीरी जिला में तराई इलाका में एगो नेशनल पार्क / From Wikipedia, the free encyclopedia
दुधवा नेशनल पार्क (अंग्रेजी: Dudhwa National Park; हिंदी: दुधवा राष्ट्रीय उद्यान) भारतीय राज्य उत्तर प्रदेश के तराई बेल्ट में एगो नेशनल पार्क बाटे। ई नेशनल पार्क कुल 490.3 किमी2 (189.3 वर्ग मील) रकबा पर फइलल बाटे आ एकर बफर जोन 190 किमी2 (73 वर्ग मील) बाटे। ई उत्तर प्रदेश के आ लखीमपुर खीरी जिला में पड़े ला आ दुधवा टाइगर रिजर्व के हिस्सा हवे।[1] पार्क के लोकेशन भारत-नेपाल सीमा के लगे बाटे आ एकरे उत्तर आ दक्खिन ओर रिजर्व फॉरेस्ट के बफर जोन बाड़ें। ई तराई के इकोसिस्टम के प्रतिनिधित्व करे वाला इलाका आ प्रोटेक्टेड एरिया हवे जहाँ कई किसिम के खतरा में घोषित (एन्डेंजर्ड) प्रजाति सभ निवास करे लीं; ई लमहर घासभूमि वाला इकोसिस्टम हवे आ एह तरह के इकोसिस्टम के प्रजाति सभ खातिर महत्त्व के क्षेत्र हवे।[2]
Quick Facts दुधवा नेशनल पार्क, लोकेशन ...
दुधवा नेशनल पार्क | |
---|---|
Dudhwa Tiger Reserve | |
आइयूसीएन श्रेणी II (राष्ट्रीय पार्क) | |
लोकेशन | लखीमपुर खीरी, उत्तर प्रदेश, भारत |
नजदीकी शहर | पलिया कलाँ |
भूगोलीय निर्देशांक | 28°30.5′N 80°40.8′E |
रकबा | 490.3 |
स्थापना | 1977 |
uptourism |
Close